Amravati Express Accident: जलगांव में होली के सबेरे रेल हादसा, ट्रक से टक्कर के बाद अमरावती एक्सप्रेस के इंजन में लागल आग

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 14, 2025

जलगांव : महाराष्ट्र के जलगांव में आज (14 मार्च) बड़ हादसा हो गइल। सबेरे 4 बजे मुंबई -अमरावती एक्सप्रेस एक ट्रक से टकरा गइल। ट्रक अनाज से लदल रहे। हादसा ओह समय भइल जब अमरावती

Share

Amravati Express Accident: जलगांव में होली के सबेरे रेल हादसा, ट्रक से टक्कर के बाद अमरावती एक्सप्रेस के इंजन में लागल आग

जलगांव : महाराष्ट्र के जलगांव में आज (14 मार्च) बड़ हादसा हो गइल। सबेरे 4 बजे मुंबई -अमरावती एक्सप्रेस एक ट्रक से टकरा गइल। ट्रक अनाज से लदल रहे। हादसा ओह समय भइल जब अमरावती एक्सप्रेस, जलगांव के बोदवड से गुजरत रहे। एही दौरान पुरान रेलवे गेट से ट्रक गुजरत रहे।

ई ट्रक सीधे एक्सप्रेस के इंजन से टकरा गइल। ट्रक पूरा तरे क्षतिग्रस्त हो गइल। ट्रेन के इंजन बुरा तरे से क्षतिग्रस्त हो गइल। ट्रेन के अगिला हिस्सा में आग लाग गइल, हालांकि एकरा के तुरंत बुझावल गइल।

केहुओ के हताहत होखे के खबर नइखे

गनीमत रहल कि ट्रेन में सवार कवनो यात्री के चोट ना आइल। टक्कर के बाद ट्रक ड्राइवर मवका से फरार हो गइल। तनिका देर बाद घटनास्थल पs यातायात बाधित हो गइल।

Read Also: Holi 2025: होली पs एह चीजन के दान बा जरूरी, मत करीं अनदेखा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.