[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: ना रहलें प्रो. शिवाजी सिंह, सीएम योगी कहलें, इनकर निधन राष्ट्र आ समाज खातिर अपूरणीय क्षति

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के प्राचीन इतिहास विभाग के पूर्व अध्यक्ष आ आचार्य प्रो. शिवाजी सिंह के असामयिक निधन हो गइल। उनका निधन पs सीएम योगी शोक जतावत दुख व्यक्त कइले बाड़ें। परिवार के प्रति संवेदना प्रकट करत ऊ कहलें कि शिवाजी सिंह अखिल भारतीय इतिहास संकलन योजना के तहत राष्ट्रीय अध्यक्ष के रूप में भारतीय इतिहास लेखन के भारत केंद्रीय दिशा देवे में एगो महत्वपूर्ण भूमिका निभवले रहस।

इनकर निधन राष्ट्र आ समाज खातिर अपूरणीय क्षति बा। विश्वविद्यालय के प्राचीन इतिहास विभाग में एगो शोक सभा आयोजित कइल गइल।

प्रो. राजवंत राव कहलें कि प्रो. शिवाजी सिंह के निधन ना खाली उनका परिवार बलुक समूचा अकादमिक जगत खातिर अपूरणीय क्षति बा। ऊ एगो प्रख्यात पुरातत्ववेत्ता आ अंतरराष्ट्रीय स्तर के विद्वान रहस। प्रो. शिवाजी सिंह के निधन बियफे के सबेरे 9:30 बजे के करीब ह्रदय गति रुक गइला के चलते हो गइल।

शोक सभा में उनका याद करत प्रो.राजवंत राव कहलें कि प्रो. शिवाजी सिंह एथेन्स में रिसर्च फेलो रहस। ऊ आचार्य राजबली पांडेय के निर्देशन में मनुस्मृति पs शोध के काम कइले रहस। ऊ इतिहास के अध्ययन के पूर्णता खातिर साहित्य आ पुरातत्व दुनो के अध्ययन के जरूरी मानत रहस।

ऊ गहिराह अकादमिक रुचि आ अद्भुत प्रतिभा के धनी रहस। संस्कृति, साहित्य आ पुरातत्व पs उनकर समान अधिकार रहे। न्यू आर्कियोलॉजी में उनकर विशेषता रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]