[the_ad_group id="30365"]

बिहार में लगातार गिर रहल पुल खातीर सरकार लिहलस बड़ एक्शन, 15 गो इंजीनियर्स सस्पेंड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

बिहार में लगातार गिरत पुल के मुद्दा के गंभीरता से लेके बिहार सरकार बड़ कार्रवाई कईले बिया। राज्य सरकार लापरवाही के चलते 15 इंजीनियर के निलंबित कs देले बिया। जल संसाधन विभाग के 11 इंजीनियर अवुरी ग्रामीण निर्माण विभाग के 4 इंजीनियर शामिल बाड़े। एकरा संगे दुगो इंजीनियर से सफाई मांगल गईल बा।

राज्य सरकार के ओर से कहल गईल बा कि हाल में राज्य के अलग-अलग जिला में 9 पुल अवुरी पुलिया गिर गईल बा। एह में से 6 गो बहुत पुरान रहे जबकि 3 निर्माणाधीन रहे। राज्य सरकार के मुताबिक विभागीय जांच में पता चलल कि संबंधित इंजीनियर एs पुल अवुरी पुलिया के सुरक्षित राखे खातीर कवनो एहतियात के उपाय ना कईले। साथी सेंसर के स्तर पs भी लापरवाही कइल गइल बा।

बता दीं कि राज्य सरकार भी नया पुल बनावे के आदेश देले बिया। एकरा अलावे राज्य पुल निर्माण निगम से जल्दी से जल्दी रखरखाव अवुरी मरम्मत खातीर निहोरा कईल गईल बा। हालही में सीवान, अररिया, पश्चिम चंपारण समेत कई जगहा पुल गिरला के घटना के खबर मिलला के बाद सरकार कड़ा कार्रवाई करत इंजीनियरन के निलंबित कs दिहले बिया.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]