[the_ad_group id="30365"]

सतना में लागल गदहन के मेला, सलमान बिकल एक लाख में, शाहरुख के मिलल 90 हजार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्यप्रदेश के सतना के चित्रकूट में दीपावली के दूसरे दिन एह बेर भी गदहन के मेला लागल। मेला में सबसे महंग बिकाइल गदहन के नाम सलमान अउर शाहरुख बतावल जा रहल बा, जेकरे बदले उनके मालिक के एक लाख अउर 90 हजार रुपये मिलल। बाकी गदहे 30 हजार से 60 हजार रुपये के बीच बिकल बानें।
एह मेला के खासियत ई बा कि एकर शुरुआत मुगल शासक औरंगजेब  करवलें। सतना जिला के चित्रकूट नगर पंचायत एह मेला के आयोजन करेले। एह बार ए मेला में मध्यप्रदेश अउर उत्तरप्रदेश ही नाइ बलुक बिहार, छत्तीसगढ़ अउर अन्य राज्यन से भी व्यापारी पहुंचल बानें। पांच हजार से अधिक गदहे अउर खच्चर बेचे खातिर मेले में आइल बानें। मजा के बात त ई बा कि गदहन के खरीदले-बेचे वालन से ज्यादा भीड़ एह मेला के देखे वालन के बा।
सतना में गधों के मेले में पांच हजार गधे बिकने आए हैं।

नाम बनावेने एह गदहन के खास

मुगल सेना में गदहन अउर खच्चर के महत्वपूर्ण योगदान रहत रहे। चित्रकूट के मेला से ही औरंगजेब अपने सेना खातिर गदहा-खच्चर मंगववलें। एसे एकर महत्व बढ़ जाला। कई व्यापारी अपने गदहा के नाम फिल्मी सितारन के नाम पर रखे अउर इहे पहचान ओके आम से खास बना देला।  एह मेला में उन्नत किस्म के गदहा अउर खच्चर बिकले खातिर आवेने।
सतना के गधों के मेले में बड़ी संख्या में खच्चर भी बिकने आए हैं।

हर गदहा के लागsला एंट्री फीस

गदहन के मेला में गधा बेचे खातिर एंट्री फीस भी देवे के पड़sला। चित्रकूट नगर पंचायत प्रत्येक गदहा के 300 रुपया एंट्री फीस वसूलेले । एही तरह एक खूंटा खातिर 30 रुपया देवें के पड़sला। एकरे बाद गदहन ख़ातिर बोली लागsला अउर गदहन के नस्ल अउर सेहत के देख के कीमत तय कइल जाला। औसतन तीन से चार हजार गदहे हर साल एह मेला में बिक जाने सब।

साभार – अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]