[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर महोत्सव में वाइल्ड लाइफ अउर क्लाइमेट चेंज पर लेहल जा सकी फिल्म के आनंद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इको टूरिज्म की थीम पर होखे जा रहल गोरखपुर महोत्सव में पहिला बेर वन्यजीव अउर पर्यावरण के ओर लोग के ध्यान आकर्षित कइल जाई। एकरे खातिर वन अउर जलवायु परिवर्तन अउर वन प्रभाग, शहीद अशफाक उल्ला खां प्राणि उद्यान अउर वन्यजीव अउर पर्यावरण के क्षेत्र में सक्रिय संस्था हेरिटेज फाउंडेशन ट्रस्ट (रजि.) संयुक्त रूप से इको टूरिज्म, वाइल्ड लाइफ अउर क्लाइमेट चेंज पर आधारित फिल्म के फ्रेस्टिबल आयोजित करी।

ई जानकारी डीएफओ विकास कुमार यादव दिहलें। ऊ बतवलें कि फिल्म फॉर ह्यूमैनिटी शृंखला के एह तीन दिन के फिल्मोत्सव में ग्रीन आस्कर अवार्ड से सम्मानित फिल्म निर्माता माइक हरगोविंद पांडेय के फिल्म प्रदर्शित कइल जाई। एकरे अलावा मुख्य कार्यक्रम स्थल पर स्टॉल भी लगावल जाई।

महोत्सव में वन विभाग, प्राणि उद्यान अउर हेरिटेज फाउंडेशन संयुक्त रूप से प्रतिभाग करी। ऊ बतवलें कि गंभीरनाथ प्रेक्षागृह अउर संस्कृति केंद्र के सभागार में 11, 12 अउर 13 जनवरी के हर दिन दूपहर 12 से दू बजे ले फिल्मोत्सव अउर संवाद आयोजित होई।

फिल्मोत्सव में माइक हरगोविंद पांडेय समेत अन्य वाइल्ड लाइफ फिल्म निर्देशक द्वारा निर्देशित फिल्म प्रदर्शित कइल जाई। एह फिल्मन के जरिये वन्यजीव संरक्षण, क्लाइमेट चेंज, पौधरोपण, इको टूरिज्म अउर पर्यावरण संरक्षण जइसन गंभीर मुद्दा पर जनसमर्थन जुटावे के मंशा बा।

ऊ बतवलें कि वन विभाग अउर बैंबू मिशन के ओर से तैयार बांस के उत्पाद अउर वन निगम के उत्पाद भी प्रदर्शित कइल जाई। एकरे अलावा स्टॉल पर वाइल्ड लाइफ अउर पक्षियन पर आधारित डाक टिकट के संग्रह अउर वाइल्ड लाइफ फोटोग्राफर अउर हेरिटेज एवियंस के संयोजक अनुपम अग्रवाल के वाइल्ड लाइफ फोटोग्राफ भी प्रदर्शित होई।

हेरिटेज फाउंडेशन के संरक्षिका डॉ. अनीता अग्रवाल शहर के वन्यजीव अउर पर्यावरण प्रेमियन से अपील कइली कि ऊ सभे महोत्सव में शामिल होखे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]