[the_ad_group id="30365"]

अनोखा अर्जी वायरल: सिपाही लिखनें, एक महीना पहिले भइल रहे शादी, खिसियाइल पत्नी फोन पर बात नाइ करेली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महराजगंज जिला में एगो हैरान करे वाला मामला सोझे आइल बा। इहां नौतनवां थाना के पीआरवी में तैनात एगो सिपाही पत्नी के वादा पूरा करे खातिर अपर पुलिस अधीक्षक के अर्जी दे के गुहार लगवलें। अर्जी सोशल मीडिया पर वायरल हो रहल बा।

एह अनोखे आवेदन पत्र में सिपाही लिखले बानें कि एक महीना पहिले शादी भइल रहल। पत्नी से वादा कइले रहनीं कि ड्यूटी से जल्दी छुट्टी ले के घर आएब, लेकिन छुट्टी न मिलले से पत्नी बड़ी नाराज बाड़ी। मोबाइल फोन से पत्नी से संपर्क कइले पs खिसियाइल पत्नी मोबाइल माई के हाथ में पकड़ा देत बाड़ी।

नौतनवां थाना क्षेत्र में पीआरबी पर तैनात सिपाही 2016 बैच के हवें। ई मऊ जिला के रहे वाला हवे। सिपाही इहो लिखले बानें कि हम पत्नी के वादा कइले रहनीं कि भतीजा के जन्मदिन पर घर जरूर आएब। कृपया 10 जनवरी से हमके 7 दिन की कैजुअल लीव यानी सीएल देवे के कृपया करीं। हम आप के आभारी रहब।

अपर पुलिस अधीक्षक आतिश कुमार सिंह बतवलें कि ड्यूटी पर तैनात पुलिसकर्मियन के उनके जरूरत के मुताबिक अवकाश स्वीकृत कइल जाला। सिपाही के भी उनके प्रार्थना पत्र के आधार पर पांच दिन के आकस्मिक अवकाश स्वीकृत कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]