[the_ad_group id="30365"]

सिद्दड़ा में सुरक्षाबल अउर आतंकियन के बीच मुठभेड़, चार दहशतगर्द भइलें ढेर, तलाशी अभियान जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जम्मू शहर के साथ सटल सिद्दड़ा इलाका में बुध के भोरे सुबह सुरक्षाबलन अउर आतंकियन के बीच मुठभेड़ हो गइल। एह मुठभेड़ में चार आतंकी मारल गइल बानें। चारों आतंकियन के शव बरामद कs लिहल गइल बा अउर हथियार भी मिलल बा। मौका पर पुलिस, सीआरपीएफ अउर सेना के टीम मौजूद बा। अभीन संबंधित क्षेत्र में तलाशी अभियान चलावल जा रहल बा। बता देईं कि कुछ दिन पहिलही सिद्दड़ा में पुलिस पोस्ट पर संदिग्ध ग्रेनेड हमला कइल गइल रहे।

जानकारी के अनुसार, सिद्दड़ा पुल के पास नाका पर सुबह करीब साढ़े सात बजे पुलिसकर्मी लोग जांच खातिर ट्रक नंबर जेके 18- 1226 के रोकल। पुलिस के देख के चालक मौका से फरार हो गइल। उहवें ट्रक में बइठल अन्य लोग गोलीबारी शुरू कs दिहल। एकरे बाद मुठभेड़ शुरू भइल। एहमें चार दहशतगर्द के मार गिरावल गइल बा। चारों जनी के शव बरामद कs लिहल गइल बा। मौका पर से सात एके 47, तीन पिस्टल अउर एम4 राइफल भी मिलल बा। बतावल जा रहल बा कि ट्रक कश्मीर घाटी के कुलगाम के गुलाम मोहम्मद खान के नाम रजिस्टर्ड बा। फिलहाल, सुरक्षाकर्मी ट्रक के तलाश कs रहल बानें। तलाशी अभियान जारी बा।

छह दिसंबर के सिद्दड़ा में भइल रहे ग्रेनेड हमला

उल्लेखनीय बा कि सिद्दड़ा पुल के पास छह दिसंबर देर रात आतंकी लोग पुलिस पोस्ट पर ग्रेनेड हमला से कइले रहनें सब। पुल पर मौजूद पुलिसकर्मियन के निशाना बना के ई हमला कइल गइल रहे। हालांकि हमलावर चूक गइलें अउर ग्रेनेड लगही के एगो बिजली के खम्हा अउर पेड़ के बीच जा गिरल। खम्हा पर छर्रा के निशान मिलल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]