[the_ad_group id="30365"]

लेह-लद्दाख अउर कश्मीर के सुरक्षा के ले के अलर्ट, अमित शाह आजु बोलवलें बइठक, IB-रॉ चीफ भी होइहें शामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लेह-लद्दाख अउर जम्मू- कश्मीर के सुरक्षा के लेके केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह आजु साँझ क्रमशः तीन अउर चार बजे एगो अहम बैठक बुलवले बानें। समाचार एजेंसी एएनआई सूत्रन के हवाले से एकर जानकारी दिहल गइल।

एह बैठक में सीआरपीएफ, बीएसएफ, जम्मू-कश्मीर के वरिष्ठ पुलिस अधिकारी शामिल होइहें। एकरे अलावा खुफिया एजेंसी IB अउर रॉ के प्रमुख भी शामिल होइहें। मीडिया रिपोर्ट के अनुसार जम्मू के सिधरा में आतंकियन अउर सुरक्षाबल के बीच बुध के भइल मुठभेड़ के बाद ई अहम बैठक बोलवलें बानीं।

एह अहम मुद्दा पर हो सकsता चर्चा

अमित शाह के एह बैठक में जम्मू-कश्मीर में आतंकवादी गतिविधियन, ड्रोन गतिविधि, टारगेट किलिंग अउर कश्मीरी पंडितन पर हमला के मुद्दा पर चर्चा कइल जा सकsता।

बता देईं कि जम्मू शहर के साथ सटल सिद्दड़ा इलाका में बुध के तड़के सुबह सुरक्षाबल अउर आतंकियन के बीच मुठभेड़ हो गइल। एह मुठभेड़ में चार आतंकी मारल गइल बानें। चारों आतंकियन के शव बरामद कs लिहल गइल बा अउर हथियार भी मिलल बा। मौका पर पुलिस, सीआरपीएफ अउर सेना के टीम मौजूद बा। अभीन संबंधित क्षेत्र में तलाशी अभियान चलावल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]