[the_ad_group id="30365"]

बिहार सरकार के पर्यटन मंत्री नारायण प्रसाद के मशरक में भइल भव्य स्वागत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण): धर्मेंद्र कुमार सिंह- बिहार सरकार के पर्यटन मंत्री नारायण प्रसाद के मशरक प्रखंड कार्यालय में भव्य स्वागत कइल गइल। प्रखंड विकास पदाधिकारी मोहम्मद आसिफ, अंचल अधिकारी रवि शंकर पांडेय, प्रखंड प्रमुख रवि प्रकाश मंटू, भाजपा मंडल अध्यक्ष बीरबल प्रसाद कुशवाहा फूलन के माला पहिनावत बुके देके स्वागत कइल लो।

पर्यटन के लेके लगातार दौरा करत बाड़े मंत्री

पर्यटन मंत्री बिहार प्रदेश में पर्यटन के लेके लगातार दौरा करत बाड़े, ओहि क्रम में आज औपचारिक रूप से पहुंचल पर्यटन मंत्री से प्रखंड मुख्यालय में मशरक दक्षिणी भाजपा मंडल अध्यक्ष प्रखंड अंतर्गत बड़वाघाट में गंगा नहान खातिर लागे आला सुप्रसिद्व मेला के पर्यटन क्षेत्र घोषित करे के मांग कइले। पर्यटन मंत्री कहले कि हम एह बात के संज्ञान में लेत बानी आ हमरा कावर से कोसिस कइल जाई कि बड़वा घाट मेला पर्यटन क्षेत्र में बदल जाव।

स्वागत करत घरी प्रखंड विकास पदाधिकारी मोहम्मद आसिफ, अंचल अधिकारी रवि शंकर पांडेय, प्रखंड प्रमुख रवि प्रकाश सिंह मंटू, भाजपा मंडल अध्यक्ष बीरबल प्रसाद कुशवाहा, पंचायत समिति सदस्य संजय सिंह, अंचल आ प्रखंड के सबे पदाधिकारी गण सहित दर्जन भर से बेसी आउर समाज सेवी आ गणमान्य लोग मवजूद रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]