[the_ad_group id="30365"]

ट्विटर डील से पीछ हटले एलन मस्क, बोलले- फेक अकाउंट के जानकारी देवे में फेल रहल कंपनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टेस्ला के मालिक आ दुनिया के सबले अमीर आदमी एलन मस्क सुक का दिने ट्विटर किने के 44 अरब डॉलर के सौदा खतम कs देले। उनकर कहनाम बा कि सोशल मीडिया कंपनी फर्जी खातन के बारे में जानकारी देवे में नाकाम रहल बिया। हम बता दीं कि मस्क अप्रिल में 54.20 डॉलर प्रति शेयर के ऑफर देले रहस।

एलन मस्क के वकील कहले कि ट्विटर कई बेर निहोरा कईला के बावजूद नकली चाहे स्पैम खाता के बारे में जानकारी देवे में नाकाम रहल। अइसन समझीं कि जवाब देबे से मना कs दिहल गइल।
एलन मस्क के प्रतिनिधि कहले कि, “ट्विटर ओह समझौता के कइयन गो प्रावधानन के भौतिक उल्लंघन करता।
लागता कि उ गलत अवुरी भ्रामक जानकारी देले बा, जवना के चलते एलान मस्क एह सौदा के आगे बढ़ावे खाती प्रेरित भइले।”
ट्विटर के अध्यक्ष ब्रेट टायलो कहले बाड़न कि बोर्ड एह विलय समझौता के लागू करे खातिर कानूनी कार्रवाई करे के योजना बनावत बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]