[the_ad_group id="30365"]

Twitter Deal Ends: एलन मस्क के कोर्ट में घसीटी ट्विटर, न्यूयॉर्क के शीर्ष लॉ फर्म के सउपलस जिम्मा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टेस्ला आ स्पेसएक्स के सीईओ एलान मस्क के अब 44 अरब डॉलर में ट्विटर किने के समझौता तूरला का चलते अदालत में घसीटल जाई। ट्विटर न्यूयॉर्क के एगो शीर्ष लॉ फर्म के मस्क के खिलाफ ममिला दर्ज करे के जिम्मा देले बा।

द हिल के मोताबिक, माइक्रो ब्लॉगिंग साइट ट्विटर न्यूयॉर्क के प्रमुख लॉ फर्म वॉचटेल, लिप्टन, रोजन एंड कैट्ज के चुनले बिया, जवन कि मस्क के खिलाफ अदालत में मुकदमा दाखिल करी। ट्विटर अगिला हफ्ता डेलावेयर में मस्क पर मुकदमा करी। दूसरा ओरि मस्को अपना बचाव के तइयारी सुरू कs देले बाड़े। उ लॉ फर्म क्विन इमैनुएल उर्कहार्ट एंड सुलिवान के चुनले बाड़े।

हमनी के कानूनी लड़ाई जीतब जा:

ट्विटर के अध्यक्ष ब्रेट टेलर सनिचर का दिने कहलन कि कंपनी के निदेशक मंडल मस्क का साथे भइल सौदा के तय दाम आ शर्तन पs तुरे पs सहमत हो गइल बा बाकिर विलय समझौता के शर्तन के पालन करे खातिर मस्क के खिलाफ कानूनी कार्रवाई के योजना बनावल जात बा। हमनी के पूरा भरोसा बा कि हमनी के ए कानूनी लड़ाई में जीत हासिल करब जा। मस्क के खिलाफ डेलावेयर के अदालत में केस दर्ज कईल जाई।

मस्क के आरोप बा कि ट्विटर पs फर्जी खाता के संख्या पांच प्रतिशत से जादे

एकरा से पहिले सनिचर के मस्क के टीम ट्विटर पs एगो चिट्ठी भेज के 44 अरब डॉलर के खरीद समझौता के समाप्त करे के घोषणा कईलस। चिट्ठी में कहल गईल बा कि ट्विटर खरीद समझौता के कई गो शर्तन के उल्लंघन कईले बा, जवना के चलते एह सौदा के स्थगित करे के फैसला भईल बा। टेस्ला के सीईओ के टीम के मानल ​​बा कि स्पैम अवुरी फर्जी अकाउंट के 5 प्रतिशत से जादे हिस्सा ट्विटर के लगे बा, एहसे मस्क एह अधिग्रहण के सौदा के समाप्त कs रहल बाड़े। मस्क के ओर से भेजल गए पत्र में इहो आरोप लगावल गईल बा ऊ बीतला दु महीना में कव ट्विटर से अपना अकाउंट्स के सही संख्या बतावे के आग्रह किया, बाकिर कवनो जानकारी ना दिहल गईल।

जून में देले चेतावनी, जुलाई में समझौता खतम करे के एलान

बता दीं कि अप्रिल में मस्क ट्विटर के करीब 44 अरब डॉलर में खरीदे के समझौता पs हस्ताक्षर कईले रहले, जवना के कीमत 54.20 डॉलर प्रति शेयर रहे। एकरा बाद मस्क ट्विटर के दावा के सच्चाई के पुष्टि करे खाती रिकॉर्ड मंगले कि माइक्रोब्लॉगिंग साइट पs पांच प्रतिशत से कम नकली अउरी स्पैम खाता बा। उ मई में एह सौदा के तब तक रोक देले रहले, जब तक कि एकर पुष्टि ना हो जाव। जून में मस्क फेरु ट्विटर पs एह सौदा के उल्लंघन करे के आरोप लगवले रहले। एकरा संगही ऊ मांगल गईल डाटा ना देला पs करार खत्म करे के चेतावनी देले रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]