Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Ground Breaking Ceremony: पश्चिम उप्र में सबसे जादे निवेश, रोजगार के मवको उहवें जादे 

ग्राउंड ब्रेकिंग सेरेमनी में जवना तरे से यूपी के अलग-अलग हिस्सन में निवेश भइल बा। ओकरा से ई साफ हो गइल बा कि रोजगार के मवका कहां बेसी मिली। ई कहल जा सकत बा कि जहां निवेश बेसी, उहां रोजगार के मवका बेसी। उद्योगपति गौतम अडानी सबसे जादे 3 लाख रोजगार के मवका उपलब्ध करावे के दावा कइले बाड़े।

3,322

Ground Breaking Ceremony 3.0: प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ग्राउंड ब्रेकिंग सेरेमनी 3.0 में 80,224 करोड़ निवेश वाला 1406 निवेश परियोजनन के एमओयू, शिलान्यास कइले। एमे पश्चिम उत्तर प्रदेश के एक बार फेर से जादा प्राथमिकता मिलल बा। पहिलही से सबसे अधिका इंडस्ट्री वाला पश्चिमांचल में 850 से जादे निवेश परियोजना लागी। इहां लमसम 58 हजार करोड़ से बेसी के निवेश होखे के बा। जवन कुल प्रस्ताव के आधा से  अधिका बा।

GBC-3 खींचलस विकास के खांचा

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के पूर्वांचल के होखला के नाते उहवो ग्राउंड ब्रेकिंग सेरेमनी से कइयन गो प्रोजेक्ट लागे जा रहल बा। उहां लगभग 10 हजार करोड़ के निवेश होखे के बा। यूपी के मध्य क्षेत्र के लगभग 9 हजार रुपिया के प्रोजेक्ट मिलल बा। जबकि बुंदेलखंड के लमसम 3 हजार करोड़ के प्रोजेक्ट मिलल बा। एह तरे यूपी के विकास के खाका खींचल गइल बा।

रोजगार के बंपर मवका

ग्राउंड ब्रेकिंग सेरेमनी में जवना तरे से यूपी के अलग-अलग हिस्सन में निवेश भइल बा। ओसे ई साफ हो गइल बा कि रोजगार के मवका कहां जादे मिली। ई कहल जा सकत बा कि जहां निवेश ज्यादा, उहां रोजगार के मवका जादे। उद्योगपति गौतम अडानी सबसे जादे 3 लाख रोजगार के मवका उपलब्ध करावे के दावा कइले बाड़े। ऊ यूपी में 70 हजार करोड़ के निवेश करे जा रहल बाड़े।

बुंदेलखंड क्षेत्र में 34 प्रोजेक्ट पs लमसम तीन हजार करोड़ रुपिया के निवेश होखे के संभावना बा। रोजगार के कमी, सूखा, पलायन जइसन इस्थितियन के झेल रहल बुंदेलखंड के ओकरा जरूरत के हिसाब से कम हिस्सेदारी मिलल बा। ग्राउंड ब्रेकिंग सेरेमनी 3.0 बुंदेलखंड के सूखा खतम नइखे कs सकल।

कवना क्षेत्र के केतना प्रोजेक्ट

क्षेत्र निवेश प्रोजेक्ट (लमसम)

पश्चिम उत्तर प्रदेश 865

पूर्वांचल 290

मध्यांचल 217

बुंदेलखंड 34

267390cookie-checkGround Breaking Ceremony: पश्चिम उप्र में सबसे जादे निवेश, रोजगार के मवको उहवें जादे 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.