Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Nitin Gadkari कइलें ऐलान, नया साल पर वाहन किने वालन के होई चांदी, प्लान जानके हो जाएम खुश!

1,238

Nitin Gadkari कइलें अइसन ऐलान, नया साल पर वाहन किने वालन के होई चांदी, सुनके हो जाएम खुश!

Nitin Gadkari on Electric Vehicle: जदि रउओ नया साल पर कवनो वाहन किने जा रहल बानी तs राउर चांदी होखे वाला बा। केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी (Nitin Gadkari) बड़ ऐलान कइले बाड़े, जवना के बाद इलेक्ट्रिक व्हीकल (electric vehicle) किने वालन के मौज आ जाई।

राज्य सरकारन के जइसने केंद्र सरकार (Central Government) देश में इलेक्ट्रिक वाहनन के बढ़ावा देवे खातिर कइयन गो प्लान बना रहल बिया। नितिन गडकरी कइयन बेर कहलें बाड़े कि देश में जलदिये  इलेक्ट्रिक व्हीकल के बूम आवे वाला बा।

कई राज्यन में हो चुकल बा सब्सिडी के ऐलान

यूपी समेत कइयन गो राज्यन में इलेक्ट्रिक व्हीकल पर सब्सिडी के ऐलान कइल जा चुकल बा। खबर आ रहल बा कि केंद्र सरकारो जल्दिये एह पर कुछ बड़ ऐलान करे जा रहल बिया, जवना के बाद आम आदमी खातिर इलेक्ट्रिक वाहन किनल बहुते आसान हो जाई। परिवहन मंत्री के ओर से एकर संकेत दिहल जा चुकल बा।

महंगा पेट्रोल-डीजल से मिली राहत

केंद्र सरकार देश में प्रदूषण के लेके बहुते चिंतत बिया, जवना के वजह से देसभर में इलेक्ट्रिक वाहनन के बढ़ावा दिहल जा रहल बा। सरकार एह वाहनन पर छूट देवे के प्लान बना रहल बिया। मानल जा रहल बा कि नया साल में माने जनवरी महीना से इलेक्ट्रिक वाहनन के नया दिशा मिले वाला बा, जवना से पेट्रोल-डीजल के महंगाई आ प्रदूषण से राहत मिल सके।

केतना आवेला चलावे में खरचा?

सरकार कहले बिया कि पेट्रोल-डीजल के तुलना में इलेक्ट्रिक व्हीकल के चलावल बहुते सस्ता बा। आज के हिसाब से देखल जाव तs पेट्रोल के गाड़ी के चलावे खातिर 7 रुपिया प्रति किमी के खरचा आवेला। ओहि जा, अगर हमनी के इलेक्ट्रिक व्हीकल के चलावत बानी सs तs ओमे 1 रुपिया प्रति किमी तक के खरचा आवेला।

चार्जिंग प्वाइंट के लेके चल रहल बा बात

दिल्ली एनसीआर सहित देश के मुख्य स्थानन पर चार्जिंग प्वाइंट्स स्थापित करे के लेके बात चल रहल बा, जवना के बाद रउआ चार्जिंग के परेसानियन से निजात मिली। इहे ना नहीं देस में 6 ग्रीन इलेक्ट्रिक हाईवेज बनके तइयार होखे वाला बा।

400710cookie-checkNitin Gadkari कइलें ऐलान, नया साल पर वाहन किने वालन के होई चांदी, प्लान जानके हो जाएम खुश!

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.