[the_ad_group id="30365"]

तेंदुआ के हमला में पांच महिला सहित आठ लोग भइलें घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रामकोला थाना क्षेत्र के हरपुर माफी गांव के शोभा छपरा टोला अउरी कुइयां में बियफे के रात तेंदुआ घुस गइल। उ हमला कs पांच महिला अउरी दू बचवन सहित आठ लोग के घाही कs दिहलस। एहमें दू महिला गंभीर रूप से घाही बानें। उनके प्राथमिक उपचार के बाद मेडिकल कॉलेज रेफर कs दिहल गइल, जबकि अन्य लोग के जख्म हल्लुक होखले के कारण रामकोला सीएचसी में इलाज चल रहल बा।
तेंदुआ के भय से गांव में दहशत के माहौल बा। रामकोला पुलिस अउरी वन विभाग के टीम गांव में पहुंचल बा। रामकोला थाना क्षेत्र के हरपुर माफी गांव के शोभा छपरा में बियफे के रात करीब साढ़े आठ बजे तेंदुआ के हमला में दू महिला गंभीर रूप से घाही हो गइली। ओमें एक के नाम हसीबुन नेशा (60) बाड़ी। एकरे अलावा एही गांव के मुसाहेब के 40 बरिस के पत्नी के भी तेंदुआ घाही कs दिहलस।

उनके रामकोला सीएचसी ले जाइल गइल, जहवाँ प्राथमिक उपचार के बाद उनके मेडिकल कॉलेज रेफर कs दिहल गइल। हरपुर माफी के शोभा छपरा के बाद तेंदुआ बगल के गांव कुइयां में पहुंच गइल अउरी इरावती देवी (60), रामवासी (35), मीरा देवी (40), सत्यम (12), आजीवन (7) अउर साहेब (30) के घायल कs देहलस। एह सब के इलाज रामकोला सीएससी पर चल रहल बा।

एकर सूचना मिलतही डीएफओ अनिल कुमार श्रीवास्तव सहित रामकोला थाना के एसआई आलोक कुमार यादव, कन्हैया यादव आदि पुलिसकर्मी गांव में पहुंच गइलें। गाँव वालन से अपने घर से बाहर न निकलले के अपील कइल जा रहल बा। डीएफओ बतवलें कि तेंदुआ के बारे में सूचना मिलल बा। ओकर तलाश करावल जा रहल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]