[the_ad_group id="30365"]

कुशीनगर में भइल हादसा: ट्रैक्टर ट्राली से टकराइल बस, चालक सहित छह लोग भइलें घाही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुशीनगर जिला के पटहेरवाथाना क्षेत्र के महुअवा गांव के सोझे फोरलेन पर शुक्क के बिहाने तकरीबन सात बजे सड़क पार कs रहल ट्रैक्टर-ट्राली से सवारियन से भरल बस टकरा गइल। बस तमकुहीराज के तरफ से आवत रहे । एह दुर्घटना में ट्रैक्टर अउर बस चालक सहित छह लोग घाही हो गइलें।
टक्कर के आवाज सुन जुटल लोग पुलिस के सूचना देत बचाव शुरू कs दिहल। सूचना पs पहुंचल पुलिस लोग के मदद से घायलन के एंबुलेंस अउरी अन्य साधन से सीएचसी फाजिलनगर पहुंचवलस।
शुक्र के सुबह करीब सात बजे एगो निजी बस तमकुहीराज से सवारी भर के गोरखपुर खातिर निकलल रहे। अभीन ऊ पटहेरवा से आगे फोरलेन पर महुअवा गांव के सोझे पहुंचल रहे कि गांव के सामने क्रासिंग पर एगो ईंटा लादल ट्रैक्टर-ट्राली अचानक आ गइल। ई देख के बस चालक नियंत्रण खो बइठलें अउर बस ट्रैक्टर-ट्राली से जा टकराइल।
एह दुर्घटना में ट्रैक्टर चालक जयश्री यादव (40) निवासी परसौनी थाना तमकुहीराज उछलकर सड़क के किनारे जा गिरल अउरी गंभीर रूप से घायल हो गइल, जबकि बस के अगिला हिस्सा क्षतिग्रस्त हो गइल अउरी एकर चालक प्रिंस राय निवासी दुदही थाना विशुनपुरा, अब्दुल हाफिज (50) निवासी हिरासोती थाना बरवापट्टी, प्रदीप निवासी पडरौन मडुरही सहित छः लोग घायल हो गइलें, जबकि अन्य कई लोग के हलुक चोट आइल। दुर्घटना के बाद अफरा-तफरी के माहौल हो गइल। लेकिन ग्रामीणन के सहयोग से कुछ देर बाद वाहन के आवाजाही बहाल हो गइल।
एह संबंध में थानाध्यक्ष अखिलेश सिंह बतवलें कि घटना में घाही लोग के अस्पताल इलाज खातिर पहुंचा दिहल गइल बा। दूनों गाड़ियन के पुलिस के कब्जा में बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]