[the_ad_group id="30365"]

कुड़मी आंदोलन के असर: आजो रद्द रही 59 ट्रेन, हावड़ा-मुंबई आ हावड़ा-नई दिल्ली रेलवे ट्रैक पूरा तरे जाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुड़मियन के अनुसूचित जनजाति में सामिल करे के मांग के लेके आदिवासी कुड़मी समाज के आंदोलन तीसरको दिन जारी रहल। कुड़मी समाज के आंदोलनकारी आद्रा डिवीजन के कुसतौर आ खड़गपुर डिवीजन के खेमाशुली स्टेशन के जाम कs के रेलवे ट्रैक पs बइठल बा लो। एकरा कारण हावड़ा-मुंबई आ हावड़ा-नई दिल्ली रेलवे ट्रैक पूरा तरे बाधित बा।

आंदोलन से यात्रियन के बढ़ल परेसानी

आंदोलन के कारण पिछला दु दिनन में 136 ट्रेनन के दक्षिण पूर्व रेलवे रद्द कs चुकल बिया। रेल प्रबंधन अब धीरे-धीरे रैक ना होखला के कारण आठ आ नव अप्रिल के ट्रेनन के रद्द कs रहल बा। एकरा कारण यात्रियन के बहुते परेसानी के सामना करे के पड़ रहल बा।

सुक के एह ट्रेनन के कइल गइल बा रद्द

बिहार खातिर: टाटा-दानापुर एक्सप्रेस, दुर्ग-राजेंद्रनगर साउथ बिहार एक्सप्रेस, टाटा-थावे एक्सप्रेस आ बिलासपुर-पटना एक्सप्रेस।

नई दिल्ली खातिर: भुवनेश्वर-नई दिल्ली राजधानी एक्सप्रेस, आनंद विहार-भुवनेश्वर एक्सप्रेस, पुरी-आनंद विहार एक्सप्रेस, पुरी-नई दिल्ली पुरुषोत्तम एक्सप्रेस।

बोकारो खातिर: रांची-बोकारो स्टील सिटी एक्सप्रेस।

टाटानगर खातिर: धनबाद-टाटा एक्सप्रेस, स्टील एक्सप्रेस।

हावड़ा खातिर: पुरुलिया-हावड़ा एक्सप्रेस, चक्रधरपुर-हावड़ा एक्सप्रेस, बोकारो स्टील सिटी-हावड़ा एक्सप्रेस, कंटाबाजी-हावड़ा एक्सप्रेस, घाटशिला-हावड़ा एक्सप्रेस, बड़बिल-हावड़ा जनशताब्दी एक्सप्रेस।

रांची खातिर: बोकारो स्टील सिटी-रांची पैसेंजर स्पेशल, हावड़ा-हटिया एक्सप्रेस।

पुरुलिया खातिर: हावड़ा-पुरुलिया एक्सप्रेस।

चक्रधरपुर खातिर: हावड़ा-चक्रधरपुर एक्सप्रेस, चक्रधरपुर-गोमो मेमू एक्सप्रेस।

छत्तीसगढ़, मुंबई, पुणे खातिर: शालीमार-लोकमान्य तिलक टर्मिनल एक्सप्रेस, हावड़ा-मुंबई मेल, हावड़ा-पोरबंदर एक्सप्रेस, हावड़ा-पुणे आजाद हिंद एक्सप्रेस, हावड़ा-जगदलपुर एक्सप्रेस, गीतांजलि एक्सप्रेस।

खड़गपुर खातिर: हटिया-खड़गपुर एक्सप्रेस, रांची-खड़गपुर एक्सप्रेस।

एकरा अलावे झारग्राम, खड़गपुर, चक्रधरपुर, गोमो, हावड़ा खातिर चले वाला मेमू एक्सप्रेस के रद्द कइल गइल बा।

एह ट्रेनन के कइल गइल शार्ट टर्मिनेट

पुरुलिया-हावड़ा एक्सप्रेस आसनसोल-टाटानगर मेमू स्पेशल, टाटानगर-आसनसोल मेमू स्पेशल, आसनसोल-बराभूम मेमू स्पेशल, बराभूम-आसनसोल मेमू स्पेशल, पुरुलिया, विलुप्पूम एक्सप्रेस आद्रा तक चली।

लोकमान्य तिलक टर्मिनल से चलके शालीमार जाये वाली एक्सप्रेस टाटानगर स्टेशन पs आके समाप्त हो गइल।

एह ट्रेनन के मार्ग में कइल गइल बा परिवर्तन

कलिंग उत्कल एक्सप्रेस के अप आ डाउन ट्रेन के ईब, झारसुगुड़ा, संबलपुर होके पुरी के ओर रवाना कइल गइल।

पोरबंदर-शालीमार एक्सप्रेस आ लोकमान्य तिलक टर्मिनल-शालीमार एक्सप्रेस के टाटा से चांडिल, पुरुलिया, बोकारो स्टील सिटी, आद्रा से मेदिनीपुर होके शालीमार भेजल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]