Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

529
  1. बिहार: मनीष कश्यप के याचिका पs 10 अप्रिल के SC में होई सुनवाई; जमानत आ सब FIR के एक संगे जोड़े के मांग; तमिलनाडु पुलिस लगवले बिया NSA।
  2. बिहार: बिहारशरीफ पहुंचल BJP विधायकन के टीम: नेता प्रतिपक्ष सीएम से इस्तीफा के मांग कइलें, नालंदा में 8 अप्रिल तक इंटरनेट सेवा बंद। AIMIM प्रदेश अध्यक्ष अख्तरुल इमाम के शहर के बाहर रोकल गइल, धारा-144 के हवाला देके वापस कइल गइल।
  3. उत्तर प्रदेश: उत्तर प्रदेश में 7 दिन में 1000 कोविड संक्रमित, कोविड टास्क फोर्स के एक्सपर्ट डॉ० वेद प्रकाश बोललें- वेरिएंट इम्यूनिटी के एस्केप कर रहल बा, अलर्टनेस जरूरी।
  4. उत्तर प्रदेश: आकांक्षा सुसाइड केस में समर सिंह के खिलाफ लुकआउट नोटिस; 4 राज्यन के 9 शहरन में दबिश, आरोपियन द्वारा FIR रद्द करे खातिर हाइकोर्ट में दिहल गइल अर्जी। समर पs 25000 तक के इनाम हो सकत बा घोषित।
  5. झारखंड: झारखंड के शिक्षा मंत्री जगरनाथ महतो के निधन; चेन्नई में चलत रहे इलाज, लंग्स में इन्फेक्शन के रहे शिकायत, पार्थिव देह काल्ह रांची ले आवल जाई। मुख्यमंत्री सोरेन बोलेलें- आंदोलनकारी आ जनप्रिय नेता खो देनी सs।
  6. कांग्रेस नेता एके एंटनी के बेटा अनिल भाजपा में सामिल: अनिल एंटनी बोललें अब परिवार खातिर काम नइखे करे के, पिता कहलें- बेटा दुख पहुुंचवलस।
  7. जापान के मिलिट्री हेलिकॉप्टर लापता: ब्लैक हॉक चॉपर पs 10 लोग सवार रहे, सर्च ऑपरेशन जारी, चीन आ नॉर्थ कोरिया पs शक।
  8. झूठ आरोप लगाके बेर-बेर गलती कs रहल बाडें राहुल: अडानी केस पs सीतारमण के हमला, वित्त मंत्री कहली- गड़बड़ी कांग्रेस सरकार वालन राज्यन में हो रहल बा।
  9. 24 घंटा में कोरोना के 5335 नया केस, 13 मौत: IIT कानपुर के सीनियर साइंटिस्ट प्रो० मणिंद्र बोललें- मई से रोज आ सकेला 20 हजार केस।
  10. केन विलियमसन ODI विश्व कप से हो सकत बाड़े बाहर: आईपीएल के पहिला मुकाबला में चेन्नई के खिलाफ घुटना में चोट लागल रहे, सर्जरी होई।
505330cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.