[the_ad_group id="30365"]

दू गो शिक्षकन के भरोसे 24 सौ लईकन के पढ़ाई: 20 शिक्षकन के नियुक्ति दूसरा जगे होखला से बिगडल स्थिति, बालिका स्कूल में पढ़ाई पs संकट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपलागंज जिला के सदर प्रखंड के एक मात्र एसएस बालिका उच्चतर माध्यमिक विद्यालय में दू गो शिक्षकन के भरोसा 24 सौ छात्रन के भविष्य संवर रहल बा। आलम ई बा कि शहर के एक मात्र बालिका प्लस टू स्कूल, शिक्षा विभाग के उपेक्षा के शिकार होके रह गइल बा। अइसन में इहां के प्राचार्य के दावा बा की कइयन बेर शिक्षा विभाग के वरीय अधिकारियन के एकरा खातिर पत्र भेजल गइल। बाकिर अभी तक शिक्षकन के नियुक्ति ना हो सकल। जवना कारण दू शिक्षकन से ही मैनेज कइल जात बा।

75 प्रतिशत स्कूलन में अनिवार्यता

एक ओर छात्र-छात्रा लोगन के 75 प्रतिशत स्कूल में उपस्थिति कइल गइल बा। ताकि छात्र-छात्रा स्कूली शिक्षा ग्रहण कs सके लोग। बाकिर शिक्षा ग्रहण तब करी लोग नु जब शिक्षा देवे वाला शिक्षक रहे। हमनी के बात करत बानी सs शहर के एक मात्र बालिका विद्यालय के। जहंवा 24 सौ छात्रा नामांकित बा लो।  लेकिन ओह लोगन के पढ़ावे वाला खाली दू गो रेगुलर शिक्षक बा लो। एह शिक्षकन में एगो शिक्षक कॉमर्स के हवें। जबकी कॉमर्स के पढ़ाई इहां होखबे ना करेला। ओहिजा दूसका शिक्षक उर्दू के हवे। उर्दू पढ़े वाले छात्रा बहुते कम बा लो।

इंटर आ मैट्रिक के परीक्षा माथा पs बा

एह छात्रा लोगन के शिक्षा कइसे मिल पावत होई एकर अंदाजा एही से लगावल जा सकत बा। बतावल जात बा की इहां के 20 शिक्षकन के दूसरा जगह नियुक्ति होखला से इस्थिति बिगड़ गइल बा। उहो तब-जब इंटर आ मैट्रिक के परीक्षा माथा पs बा। सिलेबसो पूरा नइखे हो सकल। लईकी लोग मायूस होके लौटत बा लो। छह महीना पहिले एह स्कूल में करीब 22 गो शिक्षक रहे लो। परीक्षा पास कs के तीन गो शिक्षक अलग-अलग स्कूले में हेडमास्टर बनके चल ग‌इल लो। एकरा बाद शिक्षक भर्ती के पहिला चरण के परीक्षा में विद्यालय के 15 शिक्षक पास भइल लो आ अलग-अलग विद्यालयन में जोगदान कs लिहल लो। दुगो आउर शिक्षिका अलग-अलग सरकारी संस्थानन में जोगदान कs लिहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]