Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

9वीं-11वीं के 26 दिसंबर से लिहल जाई मासिक परीक्षा: 28 तक दो पालियन में होई एग्जाम, एक लाख से ऊपर परीक्षार्थी होई लो सामिल

969

सीवान में 9वीं आ 11वीं के मासिक परीक्षा 9 दिसंबर से लिहल जाई। एकरा खातिर बिहार विद्यालय परीक्षा समिति परीक्षा शेड्यूल जारी कइले बा। बता दीं कि शिक्षा विभाग के नया निरदेस के अनुसार अब हाईस्कूल आ इंटरमीडिएट में हर महीना मासिक परीक्षा के आयोजन कइल जा रहल बा। ताकि विधार्थियन के तइयारी के आकलन कइल जा सकी। सीवान में नौवां के परीक्षा में कुल 55 हजार आ 11वीं के परीक्षा में 50 हजार परीक्षार्थी सामिल होई लो। 26 दिसंबर से लेके 28 दिसंबर तक परीक्षा दु पालियन में आयोजित कइल जाई।

सबेरे 9:30 बजे से सुरू होई परीक्षा

पहिला पाली के परीक्षा सबेरे 9:30 बजे से सुरू होई जवन 11:00 बजे तक चली। दूसका पाली के परीक्षा दिन के 11:30 बजे से सुरू होके 1:00 बजे तक चली। 9वीं के परीक्षा में पहिला दिन पहिला पाली में मातृभाषा आ दूसरका पाली में भारतीय भाषा के परीक्षा लिहल जाई।

दूसरका दिन प्रथम पाली में अंग्रेजी आ दुसरका पाली में गणित के परीक्षा होई। तीसका दिन पहिला पाली में सामाजिक विज्ञान आ दूसरका पाली में विज्ञान के परीक्षा लिहल जाई। ओहिजा 11वीं के अलग-अलग परीक्षार्थियन से उनका विषय के अनुसार परीक्षा लिहल जाई। एकरा के लेके सीवान के प्रभारी जिला शिक्षा पदाधिकारी जानकारी देत बतवलें कि सभी हाईस्कूल आ इंटरमीडिएट कॉलेज के मासिक परीक्षा खातिर निरदेस दिहल जा चुकल बा। सब हेड मास्टर के परीक्षा कदाचार मुक्त संपन्न होखे। ई सुनिश्चित करे खातिर निरदेस दिहल गइल बा। संगही प्रश्न पत्र आ उत्तर पुस्तिका ससमय उठाव करे के बात कहल गइल बा।

691870cookie-check9वीं-11वीं के 26 दिसंबर से लिहल जाई मासिक परीक्षा: 28 तक दो पालियन में होई एग्जाम, एक लाख से ऊपर परीक्षार्थी होई लो सामिल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.