[the_ad_group id="30365"]

NEET PG 2024 Date: 11 अगस्त के दु पाली में आयोजित होई नीट पीजी परीक्षा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

नीट पीजी 2024 के परीक्षा के तारीख के इंतजार में अभ्यर्थी लोग खातिर बड़ खबर। मेडिकल साइंसेज में राष्ट्रीय परीक्षा बोर्ड (एनबीईएमएस) देश भर के अलग अलग मेडिकल कॉलेज में चल रहल स्नातकोत्तर डिग्री/डिप्लोमा कोर्स में एह साल दाखिला खातिर राष्ट्रीय पात्रता सह प्रवेश परीक्षा – पीजी (नीट पीजी) 2024 के तारीख के एलान कइले बा। बोर्ड के ओर से आज यानी शुक 5 जुलाई के जारी अधिसूचना के मुताबिक 11 अगस्त के नीट पीजी 2024 के आयोजन कईल जाई।

नीट पीजी 2024 में हाजिर होखे खातिर रजिस्ट्रेशन करावे वाला अभ्यर्थी के ध्यान राखे के चाहीं कि एनबीईएमएस दू पाली में परीक्षा करावे के एलान कइले बा. हालांकि बोर्ड आपन अधिसूचना में बदलाव के बारे में अवुरी जानकारी नईखे देले अवुरी एकरा खातीर विवरण समय के संगे आधिकारिक वेबसाइट natboard.edu.in पs प्रकाशित कs दिहल जाई।

बता दीं कि नीट पीजी 2024 के परीक्षा पहिले 23 जून के होखे वाला रहे। हालांकि परीक्षा शुरू होखे से 12 घंटा पहिले केंद्रीय स्वास्थ्य एवं परिवार कल्याण मंत्रालय के ओर से विज्ञप्ति जारी कs के इs परीक्षा स्थगित कs दिहल गईल। देश में प्रतियोगी परीक्षा के पवित्रता प्रभावित होखे के आरोप लगावत देशव्यापी विरोध प्रदर्शन के देखत मंत्रालय इs फैसला ‘एहतियाती कार्रवाई’ के रूप में लेले रहे।

नीट पीजी 2024 के परीक्षा स्थगित होखला के बाद इs परीक्षार्थी लगातार परीक्षा के नाया तारीख घोषित करे के मांग करत रहले। एह क्रम में परीक्षा करावे वाला एनबीईएमएस बियफे के दिने संशोधित तारीख के बारे में संक्षिप्त जानकारी साझा कइलस.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]