[the_ad_group id="30365"]

CTET Admit Card 2024: सीटेट परीक्षा खातिर एडमिट कार्ड जारी, एह लिंक से तुरंत डाउनलोड करीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

CBSE CTET Admit Card 2024: केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (सीबीएसई) जुलाई सत्र के परीक्षा खातिर केंद्रीय शिक्षक पात्रता परीक्षा (सीटीईटी) 2024 के एडमिट कार्ड जारी कs देले बा। जे उम्मीदवार सफलतापूर्वक पंजीकरण कइले रहे लो,  ऊ आधिकारिक वेबसाइट ctet.nic.in. से सीटीईटी एडमिट कार्ड डाउनलोड कs सकत बा लो। सीटीईटी जुलाई 2024 के आयोजन सात जुलाई के कइल जाई।

CTET जुलाई 2024 एडमिट कार्ड डाउनलोड करे खातिर आवेदकन के आपन लॉगिन क्रेडेंशियल जइसे कि आवेदन संख्या के जरूरत होई। एडमिट कार्ड में परीक्षा स्थल के पता होई, जहां उम्मीदवार के उपस्थित होखे के बा। एकरा अलावे नाम, परीक्षा तिथि, परीक्षा समय, पेपर विवरण आ परीक्षा-दिन के दिशा-निरदेसो होई। उम्मीदवारन के परीक्षा के दिन परीक्षा केंद्र पs वैध सरकारी-अनुमोदित आईडी प्रूफ के संगे सीटेट हॉल टिकट 2024 ले गइल जरूरी बा।

परीक्षा प्रकार

  • सीटेट परीक्षा दु पेपरन खातिर आयोजित इल जाई।
  • पेपर 1, कक्षा 1 से 5 खातिर आयोजित कइल जाई।
  • पेपर 2, कक्षा 6 से 8 खातिर आयोजित कइल जाई।
  • हर पेपर के अवधि दु घंटा आ 30 मिनट होई।
  • पेपर 1 के समय दुपहरिया दु बजे से सांझ 4:30 बजे तक बा।
  • पेपर 2 सबेरे 9:30 बजे से दुपहरिया 12 बजे तक आयोजित कइल जाई।
  • प्रश्न पत्र में 150 बहुविकल्पीय प्रश्न होई।
  • उम्मीदवारन को हर सही उत्तर खातिर एक अंक दिहल जाई।

सीटीईटी एडमिट कार्ड 2024 कइसे डाउनलोड करीं?

छात्र सीटीईटी 2024 एडमिट कार्ड डाउनलोड करे खातिर नीचे दिहल गइल चरणन के पालन कs सकत बा लो।

  • आधिकारिक वेबसाइट ctet.nic.in. पs जाईं।
  • CTET एडमिट कार्ड खातिर लिंक पs क्लिक करीं।
  • अभ्यर्थियन के दूसरका पेज पs भेज दिहल जाई।
  • आवेदन संख्या, जन्म तिथि आ सुरक्षा पिन दर्ज करीं।
  • सबमिट बटन पs क्लिक करीं।
  • CTET एडमिट कार्ड 2024 प्रदर्शित कइल जाई।
  • एडमिट कार्ड डाउनलोड करिंग अप्लाय करीं आ भविष्य के संदर्भ खातिर प्रिंटआउट ले लीं।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]