[the_ad_group id="30365"]

6 जुलाई: भारतीय आजादी के इतिहास में महत्वपूर्ण दिन,जानी आज के दिन के देश दुनियां के इतिहास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश आ दुनिया के इतिहास में 6 जुलाई के तारीख के दर्ज अउरी महत्वपूर्ण घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा…

व्यावहारिक नैतिकता के महान दार्शनिक पीटर सिंगर के जनम 6 जुलाई 1945 के भइल रहे। व्यावहारिक नैतिकता के एगो नया आयाम देबे वाला सिंगर खास कर के पशु अधिकार आ वैश्विक गरीबी के विश्लेषण खातिर जानल जालें। सिंगर नारीवाद, पर्यावरणवाद, आ गर्भपात के अधिकार के सूक्ष्म आलोचना खातिर भी जानल जाली। एकरा अलावे भारत के आजादी के इतिहास में 6 जुलाई के एगो बड़ मोड़ आइल जब ‘’ग्रैंड ओल्ड मैन ऑफ इंडिया’ के नाम से जानल जाए वाला बुद्धिजीवी, शिक्षाविद, समाजसेवी, व्यापारी आ राजनीतिज्ञ दादाभाई नाओरोजी के अंग्रेज में चुनल गइल संसद 6 जुलाई 1892 के भइल। पहिला बेर कवनो भारतीय के ब्रिटिश संसद में आपन विचार पेश करे के मौका मिलल। औपनिवेशिक राष्ट्र के शासक वर्ग से सीधा संवाद करे के मौका मिलल बहुत कम रहे|

  •  1787 : सिबपुर में भारतीय वनस्पति उद्यान के स्थापना।
  •  1885 : महान वैज्ञानिक लुई पाश्चर पहिला बेर रेबीज रोधी टीका के इस्तेमाल कइले।
  •  1892 : दादाभाई नाओरोजी ब्रिटिश संसद में चुनल पहिला करिया आ भारतीय बनलें।
  •  1901 : श्यामप्रसाद मुखर्जी के जनम।
  •  1935 : तिब्बती समुदाय के 14वाँ आ वर्तमान गुरु दलाई लामा तेनजिन ग्यात्सो के जनम भइल ।
  •  1944 : नेताजी सुभाष चंद्र बोस पहिला बेर महात्मा गांधी के ‘राष्ट्र पिता’ के रूप में संबोधित कइले।
  •  1947 : सोवियत संघ में एके-47 राइफल के निर्माण शुरू भइल ।
  •  1946 : महान नैतिक दार्शनिक पीटर सिंगर के जनम।
  •  1959 : वेल्लोर अस्पताल में पहिला बेर सफल ओपन हार्ट सर्जरी भइल।
  •  1964 : मलावी (पहिले न्यासालैंड) के ब्रिटेन से आजादी मिलल।
  •  1986 : भारतीय राजनीतिज्ञ बाबू जगजीवन राम के निधन
  •  2002 : भारत के मशहूर उद्योगपति धीरुभाई अंबानी के निधन।
  •  2006 : नथुला दर्रा 44 साल बाद खुलल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]