[the_ad_group id="30365"]

शिक्षा विभाग के समूह ग कर्मियन के अब ऑनलाइन होई तबादला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

माध्यमिक अउर बेसिक शिक्षा से जुड़ल समूह ग कर्मियन के भविष्य में ऑनलाइन तबादला होई। एकरे खातिर महानिदेशक स्कूल शिक्षा विजय किरन आनंद दूनो विभागन के निदेशालय अउर उनके नियंत्रण वाले कार्यालय के कर्मियन के डाटा मानव संपदा पोर्टल पर दर्ज करावे के निर्देश दिहले बानें। साथ ही एह संबंध में सब के प्रमाणपत्र भी देवे के कहले बानें।

महानिदेशक एह संबंध में माध्यमिक, बेसिक, साक्षरता अउर वैकल्पिक शिक्षा अउर राज्य शैक्षिक अनुसंधान अउर प्रशिक्षण परिषद के निदेशक, सचिव माध्यमिक अउर बेसिक शिक्षा परिषद अउर मंडल अउर जिला स्तर तक के अधिकारियन के निर्देश जारी कइल गइल बा।

ऊ कहनें कि समूह ग के अंतर्गत लिपिक, उर्दू अनुवादक, स्टेनोग्राफर संवर्ग के विभिन्न पद के स्थानांतरण खातिर मानव संपदा पोर्टल के डाटा के प्रयोग कइल जाए के बा। एहलिए ओपर सब कर्मियन के त्रुटिरहित डाटा उपलब्ध करावल जाई। उनकर वर्तमान पोस्टिंग, पदनाम, कैडर, जन्मतिथि, सेवा आरंभ तिथि, सेवानिवृत्ति तिथि सहित उनकर बीमारी, वैवाहिक स्थिति आदि के पूरा ब्योरा चेक कs लिहल जाय। संख्या कम चाहे अधिक होखले पर भी कार्रवाई के व्यवस्था दीहल गइल बा। सथवे 7 दिसंबर ले डाटा त्रुटिरहित करावत हस्ताक्षरित प्रमाण पत्र देवे के कहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]