[the_ad_group id="30365"]

SSC GD 2022: जीडी कांस्टेबल भर्ती परीक्षा के तारीख घोषित, ssc.nic.in पs चेक करी पूरा शेड्यूल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

SSC GD Constable Exam Date 2022: कर्मचारी चयन आयोग जीडी कांस्टेबल पद खातिर होखे वाला परीक्षा के तारीख घोषित कs देले बा। ई पद सेंट्रल आर्म्ड फोर्स, एनआईए, एसएसफ, राइफलमैन (असम राइफल्स) आदि खातिर बा। नोटिस में दिहल जानकारी के मोताबिक एसएससी जीडी कांस्टेबल परीक्षा के आयोजन 10 जनवरी से 14 फरवरी 2022 के बीच में कइल जाई। एग्जाम देशभर के अलग-अलग परीक्षा केंद्रन पs आयोजित होई। जवन कैंडिडेट्स परीक्षा खातिर आवेदन कइले होखे लो, ऊ लोग ऑफिशियल वेबसाइट पs जाके डिटेल्ड शेड्यूल चेक कs सकत बा लो। अइसन करे खातिर स्टाफ सेलेक्शन कमीशन के आधिकारिक वेबसाइट के पता बा- ssc.nic.in

कब जारी होई एडमिट कार्ड

मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक एसएससी जीडी परीक्षा के एडमिट कार्ड दिसंबर महीना के आखिरी में जारी हो जाई। कैंडिडे्टस जवना रीजन खातिर अप्लाई कइले बा लो उहां के आधिकारिक वेबसाइट से रिलीज होखला के बाद प्रवेश पत्र डाउनलोड कइल जा सकत बा। जइसे एसएससी सीआर, एसएससी ईआर, एसएससी एनआर, एसएससी एनईआर, एसएससी डब्ल्यूआर, एसएससी एसआर, एसएससी एनडब्ल्यूआर, एसएससी केकेआर आ एसएससी एमपीआर.

एसएससी स्किल टेस्ट डेट

कमीशन आउर कइयन गो परीक्षा के तारीख जारी कइले बा। कंबाइंड ग्रेजुएट लेवल एग्जामिनेशन 2021, कंबाइंड हायर सेकेंडरी एग्जामिनेशन 2021 आ स्टेनोग्राफर ग्रेड सी अउरी डी परीक्षा के स्किल टेस्ट के तारीखन के घोषित कs दिहल गइल बा।

जरूरी तारीख

एसएससी सीजीएल स्किल टेस्ट 2021 के तारीख – 04 आ 05 जनवरी 2023

एसएससी सीएचएसएल स्किट टेस्ट 2021 के तारीख – 06 जनवरी 2023

एसएससी स्टेनो स्किल टेस्ट 2021 के तारीख – 15 आ 16 फरवरी 2023.

एसएससी जीडी कांस्टेबल एग्जाम डिटेल

एसएससी जीडी कांस्टेबल परीक्षा के प्रारूप कुछ अइसन होई। एग्जाम में जनरल इंटेलीजेंस एंड रीजनिंग, जीके, मैथ्स आ इंग्लिश/हिंदी विषय से 160 अंक के सवाल आई। एग्जाम में टोटल 80 प्रश्न पूछ जाई।

ऊ कैंडिडेट्स जे एग्जाम क्वालीफाई कs ली ओकरा के फिजिकल एलिजबिलिटी टेस्ट माने पीईटी आ फिजिकल स्टैंडर्ड टेस्ट माने पीएसटी खातिर बोलावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]