[the_ad_group id="30365"]

SSC CGL Admit Card 2022: टियर वन परीक्षा के एडमिट कार्ड रिलीज, एह डायरेक्ट लिंक से करी डाउनलोड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

SSC CGL Tier 1 Exam 2022: कर्मचारी चयन आयोग एसएससी कंबाइंड ग्रेजुएट लेवल टेस्ट टियर वन परीक्षा 2022 के प्रवेश-पत्र जारी कs देले बा। ओइसन कैंडिडेट्स जे एह साल के एसएससी सीजीएल टियर वन एग्जाम खातिर आवेदन कइले होखे, ऊ आधिकारिक वेबसाइट से एडमिट कार्ड डाउनलोड कs सकत बा। अइसन करे खातिर स्टाफ सेलेक्शन कमीशन के रीजनल वेबसाइट्स प जाये के होई। एसएसएसी के रीजन के अनुसार अलग-अलग वेबसाइट्स ब जहां से कैंडिडेट अपना जरूरत के मोताबिक एडमिट कार्ड डाउनलोड क सकत बा।

एह तारीखन पs होई एग्जाम

एसएससी सीजीएल टियर वन लिखित परीक्षा के आयोजन 01 दिसंबर से 13 दिसंबर 2022 के बीच होई। जदि पेपर पैटर्न के बात करी तs पेपर ऑब्जेक्टिव टाइप होई। जवना के हल करे खातिर कुल 60 मिनट दिहल जाई। एग्जाम कुल 200 अंकन के होई। जेमे 100 प्रश्न आई। हर एक प्रश्न दु अंक के होई।

एडमिट कार्ड डाउनलोड करे खातिर एह आसान स्टेप्स के फॉलो करी 

  • प्रवेश पत्र डाउनलोड करे खातिर सबसे पहिले आधिकारिक वेबसाइट पs जाई माने एसएससी के रीजनल वेबसाइट्स पs।
  • रउआ जवना रीजन के एडमिट कार्ड डाउनलोड करे के बा ओह रीजन के वेबसाइट पs क्लिक करी।
  • इहां रउआ होमपेज पs एगो लिंक लउकी जवना पs लिखल होई SSC CGL Tier 1 Admit Card 2022। एह पs क्लिक करी।
  • अइसन करतही एगो नया पेज खुली। एह पेज पs आपन लॉगिन डिटेल्स डालीं आ सबमिट कs दीं।
  • एतना करतही राउर एडमिट कार्ड कंप्यूटर स्क्रीन पs लउक जाई।
  • इहां से एकरा के डाउनलोड कs लीं आ चाहीं तs आगे खातिर एकर एगो हार्डकॉपी निकालके रख लीं। ई भविष्य में काम आई।
  • परीक्षा से संबंधित कवनो प्रकार के जानकारी खातिर खाली आधिकारिक वेबसाइट पs जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]