[the_ad_group id="30365"]

छत्तीसगढ़ में कई अफसरन के घरे ईडी के छापा, सीएम बघेल के ओएसडी के घरे भी छापा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छत्तीसगढ़ के कई शहरन में ईडी आज सुबेरे-सुबेरे एक बेर फिर से छापेमारी कइलस। एह बेर ईडी राज्य के कुछ वरिष्ठ अधिकारियन के संगे-संगे कारोबारियन के घर पर भी छापेमारी कइले बा। जेमें कुछ अइसन लोग भी लोग शामिल बा जेपर पहिले आईटी के भी रेड पड़ चुकल बा।  छत्तीसगढ़ में एह बेर ईडी दुर्ग, रायपुर, रायगढ़ अउर महासमुंद सहित कई जगह पर छापा मरले बा।

ए अधिकारियन के घरे चल रहल बा छापेमारी

छत्तीसगढ़ के दुर्ग में मुख्यमंत्री बघेल के ओएसडी सौम्या चौरसिया, रायगढ़ में कलेक्टर रानू साहू के आवास पर, महासमुंद में अग्नि चंद्राकर, सूर्यकांत तिवारी,  माइनिंग हेड आईएएस जेपी मौर्य के रायपुर स्थित आवास पर, रायगढ़ के गांजा चौक निवासी नवनीत तिवारी, प्रिंस भाटिया, सीए सुनील अग्रवाल के ठिकाना पर ईडी के कार्यवाही जारी बा।

बिहाने पांच बजे से चल रहल बा छापेमारी

बतावल जा रहल बा कि बिहाने पांच बजे से ए सब के घरे ईडी दर्जनभर टीम के साथ रेड कर रहल बा। बता देईं कि एसे पहिले भी आईटी अउर ईडी द्वारा मुख्यमंत्री के ओ एच डी सौम्या चौरसिया, कलेक्टर रानू साहू, सूर्यकांत तिवारी से पहिले भी पूछताछ  कइल जा चुकल बा। एह दौरान कोयला व्यापारी सूर्यकांत तिवारी अउर सौम्या चौरसिया के घर से ढेर मात्रा में लगभग 200 करोड रुपया के चल अचल संपत्ति सोझे आइल रहल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]