[the_ad_group id="30365"]

यूपी ATS गिरफ्तार कइलस 8 आतंकी, मौका से बरामद भइल जिहादी किताब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी ATS बड़ कार्रवाई करत जमात उल मुजाहिद्दीन बांग्लादेश (जेएमबी) से जुड़ल आठ आतंकियन के गिरफ़्तार कइल गइल बा। ATS अलग अलग स्थान से इनकर गिरफ़्तारी कइलस। जांच एजेंसियन द्वारा देहल गइल इनपुट के आधार पर छापेमारी शुरू कइल गइल अउर देखते-देखत आठ आतंकी गिरफ्तार हो गइलें।

यूपी ATS बड़ कार्रवाई करत जमात उल मुजाहिद्दीन बांग्लादेश (जेएमबी) से जुड़ल आठ आतंकियन के गिरफ़्तार कइले बा। ATS अलग अलग स्थान से इनकर गिरफ़्तारी कइले बा जांच एजेंसियन के ओर से दिहल गइल इनपुट के आधार पर छापेमारी शुरू कइल गइल अउर देखते-देखत आठ आतंकी गिरफ्तार हो गइलें।

एटीएस सहारनपुर से लुकमान, कारी मुख़्तार, कामिल अउर मोहम्मद अलीम के गिरफ्तार कइले बा। उहवें शामली से शहज़ाद, बांग्लादेश के अली नूर उर्फ़ जहांगीर मण्डल उर्फ़ इनामुल हक़, झारखंड के नवाजिश अंसारी, हरिद्वार के मुदस्सिर के गिरफ़्तार कइल गइल बा। एह आतंकियन के लग्गे से एटीएस जिहादी किताब, पेन ड्राइव, मोबाइल बरामद कइले बा।

जारी बयान में यूपी एटीएस कहलस कि लगातार अइसन सूचना मिलत रहे कि अलकायदा इंडियन सब कॉन्टिनेंट या अलकायदा बरं-ए-सगीर अउर सहयोगी आतंकी संगठन जमात-उल-मुजाहिद्दीन बाग्लादेश (JMB) विगत बरिस से भारतीय उपमहाद्वीप (विशेष रूप से भारत अउर बांग्लादेश) में गजवा-ए-हिन्द के उद्देश्य पूरा करे खातिर अपने आतंकी नेटवर्क के बढ़ा रहल बा।

एकरे खातिर संगठन भारत में अवैध घुसपैठ कs के सबसे पहिले सीमावर्ती राज्य पश्चिम बंगाल, असम आदि में कट्टरपंथी विचारधारा वाले व्यक्तियन के जोड़ल अउर उहाँ के मदरसा में आपन जड़ मजबूत कइलस, ई बांग्लादेशी आतंकी पुलिस अउर दूसर एजेन्सियन से बचे खातिर कुछ खास मोबाइल ऐप के इस्तेमाल करत रहनें सब अउर अपने संगठन में जुड़े वाले नया लोग के एह ऐप अउर अपने बातचीत करे के कोड के भी प्रशिक्षण देत रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]