[the_ad_group id="30365"]

Kolkata में लक्ष्मी पूजा प रातभर नफरती गैंग के उत्पात, कइयन घरन में लगावल गइल आग; पुलिस स्टेशन प कब्जा!

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बंगाल में लक्ष्मी पूजा (Lakshmi Pooja) प उपद्रवियन द्वारा जमके उत्पात मचावल गइल। भीड़ घरन में आगजनी के संगही गाड़ियन में तोड़फोड़ कइले बिया। हिंसा के तस्वीर सामने इला के बाद लोगन में दहशत के माहौल बा। जवना के बाद बंगाल बीजेपी अध्यक्ष शुभेंदु अधिकारी (Suvendu Adhikari) गृहमंत्री अमित शाह (Amit Shah) आ बंगाल के राज्यपाल के खत लिखके CAPF की तैनाती के मांग कइले बाड़े।

अमित मालवीय कहले, ‘जे लोग इतिहास से ना सिखेला ऊ एकरा के दोहरावे ला अभिशप्त बा। कोजागरी लक्ष्मी पूजा के दौरान भीषण नोआखली दंगा भइल आ अब कोलकाता में अइसन हो रहल  बा। ममता बनर्जी के गृह मंत्री के रूप में कोलकाता पूरा तरे असुरक्षित हो गइल बा, सांप्रदायिक दंगा आम हो गइल बा।’

सुवेंदु अधिकारी के ट्वीट

सुवेंदु अधिकारी ट्वीट करत कहले, ‘हम माननीय केंद्रीय गृह मंत्री श्री अमित शाह आ माननीय राज्यपाल श्री ला गणेशन जी के पत्र लिखके ओह लो के अनुरोध कइनी कि एकरा पहिले पश्चिम बंगाल के कानून-व्यवस्था के इस्थिति आउर खराब हो जाव, तुरंत मोमिनपुर हिंसा आ एकबलपुर पुलिस स्टेशन में तोड़फोड़ के मद्देनजर केंद्रीय बलन के तत्काल तैनात कइल जाव।’ ऊ एगो वीडियो ट्वीट करत दावा कइले कि इकबालपुर थाना पुलिस प गुंडा लो कब्जा क लेले बा लो आ ममता के पुलिस डर के मारे फिलहाल थाना के छोड़ देले बिया।

पश्चिम बंगाल बीजेपी के अध्यक्ष डॉ. सुकांता मजूमदार ट्वीट करत कहले, ‘कोलकाता पोर्ट के मयूरभंज में हिंदू पलायन क रहल बा लो, ओह लो के घरन प हमला हो रहल बा। पुलिस चुपचाप देख रहल बिया। कानून व्यवस्था नइखे। इस्थिति गंभीर बा बाकिर सीएम ममता बनर्जी हिन्दुअन के पीड़ित होत देख रहल बाड़ी।’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]