[the_ad_group id="30365"]

विदेशी फंडिंग मामला में बीबीसी इंडिया के खिलाफ ईडी कार्रवाई, फेमा के तहत दर्ज मामला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

समाचार प्रसारक बीबीसी इंडिया के परेशानी बढ़त लउकत बा | विदेशी फंडिंग के मामला में प्रवर्तन निदेशालय बीबीसी इंडिया के खिलाफ कार्रवाई कईले बा। ईडी बीबीसी इंडिया के खिलाफ विदेशी मुद्रा प्रबंधन अधिनियम (फेमा) के तहत रजिस्ट्रेशन करा चुकल बा।

बयान के रिकार्डिंग के भी मांग कईल गईल

समाचार एजेंसी सरकारी सूत्र के हवाला से इ जानकारी देले बिया। सूत्र बतवले कि जांच एजेंसी फेमा के प्रावधान के तहत बीबीसी के कुछ अधिकारी से दस्तावेज अवुरी बयान के रिकॉर्डिंग भी मंगले बिया। ईडी कंपनी के ओर से भईल कथित प्रत्यक्ष विदेशी निवेश (एफडीआई) के उल्लंघन के भी जांच करतिया।

 

आयकर विभाग लेले रहे तलाशी

आयकर विभाग एह साल बीबीसी के दिल्ली आ मुंबई कार्यालयन में भी तलाशी लिहलस | केंद्रीय प्रत्यक्ष कर बोर्ड (सीबीडीटी) आ आयकर प्राधिकरण कहले रहले कि बीबीसी समूह के अलग-अलग संस्था के ओर से जवन आय आ मुनाफा देखावल गईल बा, उ भारत में उनुका कामकाज के पैमाना के मुताबिक नईखे। अधिकारी इहो बतवले कि ई टैक्स बीबीसी इंडिया ना दिहलस |

इहाँ इहो बतावल जा सकता कि कुछ महीना पहिले बीबीसी गुजरात दंगा पे बनल डॉक्यूमेंट्री के लेके विवाद में उलझ गईल रहे। केंद्र सरकार ए डॉक्यूमेंट्री के प्रदर्शन पे रोक लगा देले रहे। विदेश मंत्रालय कहले रहे कि इ औपनिवेशिक मानसिकता से प्रेरित आ भ्रामक बा। एकरा संगे सूचना आ प्रसारण मंत्रालय एगो निर्देश जारी कईले रहे कि डॉक्यूमेंट्री के लिंक साझा करेवाला सभ यूट्यूब वीडियो आ ट्विटर पोस्ट के ब्लॉक करे के निर्देश जारी कइले रहें|

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]