Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

शराबी देले रहे पटना एयरपोर्ट उड़ावे के धमकी: समस्तीपुर से धराइल, बम स्क्वॉड 3 घंटा तक खोजलस रहा बम; पहिले प्रशासन बतवले रहे मॉक ड्रिल

219

पटना एयरपोर्ट के बम से उड़ावे के धमकी समस्तीपुर से दिहल गइल रहे। धमकी देवे वाला के पुलिस हिरासत में ले लेले बिया। ऊ शराब के नशा में रहे। ओकर मोबाइल जब्त कs लिहल गइल बा।

बुध के सबेरे 11 बजे के करीब एयरपोर्ट डायरेक्टर अंचल प्रकाश के मोबाइल पs ई धमकी मिलल रहे। उनका मोबाइल पs एगो अंजान नंबर से कॉल आइल रहे। कॉलर एयरपोर्ट के बम से उड़ावे के धमकी देले रहे। जुवक से कुछे सेकंड फोन पs बात भइल। एकरा बाद फोन कट गइल। एह कॉल के बाद एयरपोर्ट अथॉरिटी के बीच हड़कंप मच गइल।

एयरपोर्ट डायरेक्टर एयरपोर्ट के बम से उड़ावे के धमकी के जानकारी पुलिस के देलें। पटना SSP राजीव मिश्रा अपना टीम के संगे मवका पs पहुंचलें। बम स्क्वॉड के टीम के बोलावल गइल। एयरपोर्ट पs सर्च ऑपरेशन चलावल गइल। तीन घंटा ले से बम के सर्चिंग कइल गइल, बाकिर कुछ ना मिलल।

शराब के नशा में देले रहे धमकी 

पटना एसएसपी राजीव मिश्रा कहलें कि एयरपोर्ट के उड़ावे के धमकी के कॉल करे वाला व्यक्ति के समस्तीपुर पुलिस हिरासत में लेले बिया। सुरुआती पूछताछ में पता चलल बा कि आरोपी शराब के नशा में रहे। ओकरा लगे से मोबाइल फोन जब्त कs लिहल गइल बा, जवना से ऊ कॉल कइले रहे।

पहिले बतावल गइल रहे मॉक ड्रिल

धमकी भरल कॉल के जानकारी मिलला के बाद CISF आ पटना पुलिस के टीम पूरा तरे एक्टिव हो गइल। बम आ डॉग स्क्वाॅड के टीम मवका पs पहुंचल। एयरपोर्ट के चप्पा-चप्पा के तलाशी सुरू कs दिहल गइल

ई देख ममिला गंभीर होखे के बात सामने आवे लागल। जब एह बारे में एयरपोर्ट पs पटना पुलिस आ अथॉरिटी के लोगन से सवाल कइल जाये लागल तs जवाब मिलल कि मॉक ड्रिल चल रहल बा। हर महीना CISF के टीम मॉक ड्रिल करेले, उहे आजो चल रहल बा।

बाकिर, तनिये देर में असलियत सामने आ गइल। SSP धमकी के ममिला के स्पष्ट कs देलें।

साभार: दैनिक भास्कर

513690cookie-checkशराबी देले रहे पटना एयरपोर्ट उड़ावे के धमकी: समस्तीपुर से धराइल, बम स्क्वॉड 3 घंटा तक खोजलस रहा बम; पहिले प्रशासन बतवले रहे मॉक ड्रिल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.