[the_ad_group id="30365"]

UP Nikay Chunav 2023: यूपी निकाय चुनाव पs कोरोना के साया, नया प्रतिबंधन के हो रहल बा तइयारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोरोना संक्रमण के बढ़त खतरा के आशंका के देख नगरीय निकाय चुनाव में कुछ प्रतिबंध लाग सकत बा। राज्य निर्वाचन आयोग जल्दिये नगरीय निकाय चुनाव के लेके मानक संचालन प्रक्रिया (एसओपी) जारी कs सकत बा। मतदान केंद्रन पs कोरोना प्रोटोकाल के खेयाल रखल जाई। पोलिंग पार्टियन के कोरोना से बचाव खातिर मास्क, सैनिटाइजर आ कोविड सुरक्षा किट दिहल जा सकत बा।

दरअसल, साल 2021 में त्रिस्तरीय पंचायत चुनाव के बाद कोरोना तेजी से गोड़ पसरले रहे। एमे बहुते संख्या में लोगन के मृत्युओ भइल रहे। एह समय कोरोना संक्रमण तेजी से बढ़ रहल बा। बुध के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ निकाय चुनाव में प्रचार आ मतदान में होखे वाला भीड़ के कारण कोरोना के प्रसार के आशंका जतवले रहस। ऊ हर मतदाता के स्वास्थ्य सुरक्षा सुनिश्चित कइला के संगही ऊ अपना मताधिकार के प्रयोग कs सके एकरा खातिर जरूरी उपाय करे के निरदेस देले रहस।

मुख्यमंत्री ई जिम्मेदारी मुख्य सचिव के सउपले रहस। मुख्यमंत्री के निरदेस पs बियफे के मुख्य सचिव दुर्गा शंकर मिश्र, प्रमुख सचिव गृह संजय प्रसाद, मुख्य निर्वाचन अधिकारी अजय कुमार शुक्ला, प्रमुख सचिव चिकित्सा आ स्वास्थ्य पार्थसारथी सेन शर्मा बियफे के राज्य निर्वाचन आयुक्त मनोज कुमार से मिले पहुंचल लो। शीर्ष अधिकारी लोग कोरोना संक्रमण के बढ़त खतरन आ नगरीय निकाय चुनाव के लेके चर्चा कइल। अधिकारियन द्बारा एह बात पs मंथन कइल गइल कि चुनाव में अइसन उपाय कइल जाव जवना से प्रदेश में संक्रमण ना बढ़ सके।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]