[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली-NCR में भूकंप के झटका, रिक्टर स्केल पs तीव्रता 4.6: नेपाल केंद्र रहे, उहां दु बेर भूकंप आइल, पहिला 4.6 आ दूसरका 6.2 तीव्रता के

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली-NCR, उत्तराखंड आ उत्तर प्रदेश में मंगर के दुपहरिया 2.53 बजे भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। रिक्टर स्केल पs एकर तीव्रता 4.6 रहल। एकर केंद्र नेपाल में रहे। बतावल जा रहल बा कि नेपाल में दु बेर भूकंप आइल बा। पहिला 2.25 बजे, जवना के तीव्रता 4.6 रहे। दूसरका झटका 2.53 पs आइल जवना के तीव्रता 6.2 रहल। उत्तर प्रदेश में झटका महसूस भइल बा। एकर तीव्रता 5.5 मापल गइल बा।

हरियाणा में एक दिन में दूसरका बेर आइल भूकंप

हरियाणा में मंगर के एक दिन में दूसरका बेर भूकंप आइल। पानीपत, रोहतक, जींद, रेवाड़ी आ चंडीगढ़ आदि में दुपहरिया बाद 2:50 पs झटका महसूस भइल। एसे अफरा-तफरी मच गइल। लोग घरन से बाहर निकल आइल। एकरा पहिले आज सोनीपत में 2.7 तीव्रता के भूकंप रिकॉर्ड कइल गइल रहे।

नेशनल सेंटर फॉर सीस्मोलॉजी के मोताबिक मंगर के सबेरे 11.06 सेकेंड पs भूकंप आइल बा। भूकंप के केंद्र सोनीपत बतावल जा रहल बा। धरती के 8 किलोमीटर नीचे हलचल दर्ज कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]