Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली-NCR में भूकंप के झटका, रिक्टर स्केल पs तीव्रता 4.6: नेपाल केंद्र रहे, उहां दु बेर भूकंप आइल, पहिला 4.6 आ दूसरका 6.2 तीव्रता के

949

दिल्ली-NCR, उत्तराखंड आ उत्तर प्रदेश में मंगर के दुपहरिया 2.53 बजे भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। रिक्टर स्केल पs एकर तीव्रता 4.6 रहल। एकर केंद्र नेपाल में रहे। बतावल जा रहल बा कि नेपाल में दु बेर भूकंप आइल बा। पहिला 2.25 बजे, जवना के तीव्रता 4.6 रहे। दूसरका झटका 2.53 पs आइल जवना के तीव्रता 6.2 रहल। उत्तर प्रदेश में झटका महसूस भइल बा। एकर तीव्रता 5.5 मापल गइल बा।

हरियाणा में एक दिन में दूसरका बेर आइल भूकंप

हरियाणा में मंगर के एक दिन में दूसरका बेर भूकंप आइल। पानीपत, रोहतक, जींद, रेवाड़ी आ चंडीगढ़ आदि में दुपहरिया बाद 2:50 पs झटका महसूस भइल। एसे अफरा-तफरी मच गइल। लोग घरन से बाहर निकल आइल। एकरा पहिले आज सोनीपत में 2.7 तीव्रता के भूकंप रिकॉर्ड कइल गइल रहे।

नेशनल सेंटर फॉर सीस्मोलॉजी के मोताबिक मंगर के सबेरे 11.06 सेकेंड पs भूकंप आइल बा। भूकंप के केंद्र सोनीपत बतावल जा रहल बा। धरती के 8 किलोमीटर नीचे हलचल दर्ज कइल गइल बा।

653700cookie-checkदिल्ली-NCR में भूकंप के झटका, रिक्टर स्केल पs तीव्रता 4.6: नेपाल केंद्र रहे, उहां दु बेर भूकंप आइल, पहिला 4.6 आ दूसरका 6.2 तीव्रता के

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.