[the_ad_group id="30365"]

Earthquake: भारत के पड़ोसी देश नेपाल में भूकंप से कांप गईल धरती

नेपाल में भूकंप
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के पड़ोसी देश नेपाल में तेज भूकंप के झटका महसूस भइल बा.  शुक के सबेरे नेपाल में दु बेर तेज भूकंप के झटका महसूस भईल।  एगो भूकंप राजधानी काठमांडू के नजदीक आ दूसरा बिहार सीमा के नजदीक आईल।  रिक्टर स्केल पs आइल भूकंप के तीव्रता क्रमशः 6.1 आ 5.5 नापल गइल बा।  भूकंप के केन्द्र नेपाल में रहल आ ई भूकंप सबेरे ढाई बजे के आसपास आइल।  भारत के कुछ इलाकन में भूकंप के झटका महसूस भइल बा. 

भारत के पड़ोसी देश नेपाल में बीयफ़ें-शुक के बीच के रात में एगो तेज भूकंप आईल जवना के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 5.5 नापल गईल।  एह भूकंप के केन्द्र जमीन से 10 किलोमीटर नीचे रहे, जवना के चलते नेपाल के अलावे भारत के बिहार के बहुत जिला में भी भूकंप के झटका महसूस भईल।  भूकंप के तेज कंपन से जनता में दहशत फैल गईल, अवुरी बहुत लोग घबराहट में घर से बाहर निकल गईले।  हालांकि अबे ले कवनो जान-माल के नुकसान के कवनो खबर नईखे।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाई ब्लड प्रेशर में कारगर होला, इs तीन गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]