UP: सफाईकर्मियन खातिर योगी के बड़ एलान, 10 हजार के बोनस… 16000 माह न्यूनतम वेतन आ मुफ्त इलाज के घोषणा

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 27, 2025

Mahakumbh Prayagraj: महाकुंभ के समापन के बाद प्रयागराज पहुंचल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बड़ घोषणा कइले बाड़ें। महाकुंभ में लागल यूपी के सफाई कर्मचारियन के 10 हजार के अतिरिक्त बोनस मिली। एकरा अलावे न्यूनतम 16000 प्रति

Share

UP: सफाईकर्मियन खातिर योगी के बड़ एलान, 10 हजार के बोनस… 16000 माह न्यूनतम वेतन आ मुफ्त इलाज के घोषणा

Mahakumbh Prayagraj: महाकुंभ के समापन के बाद प्रयागराज पहुंचल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बड़ घोषणा कइले बाड़ें। महाकुंभ में लागल यूपी के सफाई कर्मचारियन के 10 हजार के अतिरिक्त बोनस मिली। एकरा अलावे न्यूनतम 16000 प्रति माह वेतन के घोषणा कइले बाड़ें।

एकरा अलावे महाकुंभ में कार्यरत सब कर्मियन के पांच लाख तक मुफ्त इलाज के लाभ मिली। अप्रैल निगम गठित होई। अप्रैल से कर्मचारियन के खाता में रुपियो भेजल जाई।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि स्वच्छता कर्मियन के पहिले आठ से 11 हजार रुपिया माह मिलत रहे। अब एकर लाभ दिहल जाई।

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें, “हमनी के सरकार प्रयागराज में महाकुंभ में सफाई आ स्वास्थ्य कर्मचारियन के 10,000 रुपिया के बोनस देवे के फैसला कइले बा। हमनी के ई सुनिश्चित करे जा रहल बानी सs कि अप्रैल से सफाई कर्मचारियन के 16,000 रुपिया के न्यूनतम वेतन प्रदान कइल जाई… अस्थायी स्वास्थ्य कर्मचारियन के सीधे बैंक हस्तांतरण दिहल जाई आ ओह सभे के स्वास्थ्य कवरेज खातिर आयुष्मान भारत योजना से जोड़ल जाई, जवना से बेहतर कल्याण आ सहायता सुनिश्चित होई।”

उत्तर प्रदेश सरकार महाकुंभ 2025 के दौरान सबसे बड़ समन्वयित सफाई अभियान के गिनीज वर्ल्ड रिकॉर्ड बनवलस। यूपी के सीएम योगी आदित्यनाथ आ डिप्टी सीएम केशव प्रसाद मौर्य आउर ब्रजेश पाठक आज पुरस्कार प्राप्त कइलें।

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, उपमुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक, केशव प्रसाद मौर्य, उत्तर प्रदेश के DGP प्रशांत कुमार सहित प्रदेश कैबिनेट के मंत्रियन आ अधिकारी लोग सफाई कर्मचारियन के संगे भोजन कइल।

उत्तर प्रदेश के सीएम योगी आदित्यनाथ महाकुंभ के समापन के बाद प्रयागराज में नाव चालकन से बतकही करत सीएम कहलें, “पंजीकरण के बाद हर नाव चालक के 5 लाख रुपिया के बीमा योजना दिहल जाई। नाव किने खातिर धनराशि दिहल जाई। जवना लोगन के लगे स्वास्थ्य बीमा नइखे, ओह लोगन के आयुष्मान भारत योजना के तहत कवर कइल जाई।”

Read Also: टीवी भा फोन देखाके लईकन के खियावेनी खाना? जान लीं ई केतना खतरनाक

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.