Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नेपाल में आइल 6.4 तीव्रता के भूकंप, दिल्ली-NCR समेत उत्तर भारत में महसूस कइल गइल तेज झटका

दिल्ली-एनसीआर में तेज भूकंप के झटका महसूस भइल। एकर तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 6.4 नापल गइल। भूकंप बहुत तेज रहे। दिल्ली एनसीआर समेत उत्तर भारत के कई इलाका में भूकंप के झटका महसूस भईल।

481

 

दिल्ली-एनसीआर में तेज भूकंप के झटका महसूस भइल। एकर तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 6.4 नापल गइल। भूकंप बहुत तेज रहे। दिल्ली एनसीआर समेत उत्तर भारत के कई इलाका में भूकंप के झटका महसूस भईल। भूकंप के केन्द्र नेपाल में 10 किलोमीटर गहराई पs रहे।

जब भूकंप आईल त लोग डेरा गईले अवुरी घर अवुरी ऑफिस से बहरी निकल गईले। हालांकि फिलहाल कवनो प्रकार के नुकसान के संबंध में कवनो जानकारी नईखे मिलल। नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी ट्विटर प एगो पोस्ट के माध्यम से भूकंप के जानकारी दिहलस।

 

मिलल जानकारी के मुताबिक भूकंप रात 11:32 बजके 54 सेकंड पs आईल। भूकंप के केन्द्र नेपाल में 10 किलोमीटर गहराई पs बा। एकर तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 6.4 नापल गइल बा।

 

 

673960cookie-checkनेपाल में आइल 6.4 तीव्रता के भूकंप, दिल्ली-NCR समेत उत्तर भारत में महसूस कइल गइल तेज झटका

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.