[the_ad_group id="30365"]

Earthquake: नेपाल में आइल भूकंप से भीषण तबाही, मरे वालन के संख्या १२९ पहुंचल, एक डिप्टी मेयर के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

काल्हु रात नेपाल में आइल भूकंप से भारी तबाही मचल बा। नेपाल पुलिस के मुताविक अबे ले मरेवाला के संख्या १२९ पहुंच गइल बा । जाजरकोट में 92 लोग के मउत हो गइल बा आ रुकुम में 37 लोग के मउत हो गइल बा। प्रधानमंत्री पुष्प कमल दहल ‘प्रचंड’ भूकंप प्रभावित इलाकन के दौरा करे खातिर हेलीकाप्टर से रुकुम आ जाजरकोट जाए जा रहल बाड़न।

डिप्टी मेयर सरिता सिंह के निधन

एह भूकंप में डिप्टी मेयर सरिता सिंह के भी मउत हो गईल।

जाजरकोट से संबंधित नगरपालिका के नंबर:

9858021725

9868186583

9851151527

9848384084

9864734336

पुलिस के नंबर

9858089539

9858089540

9858089541

भारत में तेज झटका महसूस भइल

दिल्ली-एनसीआर समेत उत्तर भारत में तेज भूकंप के झटका महसूस भइल। उत्तर प्रदेश, बिहार समेत उत्तर भारत के कई इलाका में रात के करीब 11.32 बजे भूकंप के झटका महसूस भईल। एह भूकंप के केन्द्र नेपाल में रहे। भूकंप के केन्द्र जमीन से 10 किलोमीटर नीचे रहे।

भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 6.4 बतावल गईल। लखनऊ अवुरी पटना समेत देश के बहुत इलाकन में भूकंप के बाद लोग घर से बहरी निकलल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]