[the_ad_group id="30365"]

भूकंप के तेज झटका से फेर हिलल जापान, अबे सुनामी के चेतावनी नाहीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

जापान में फेर से तेज भूकंप के झटका महसूस भइल। मंगल के दिने मध्य जापान में 6.0 तीव्रता के भूकंप आइल बाकिर अबहीं ले सुनामी के कवनो चेतावनी जारी नइखे भइल। जापान मौसम एजेंसी के कहना बा कि जापान सागर के तट पs आइल ई भूकंप देश के ओही हिस्सा में आइल जहाँ एक जनवरी के मध्य जापान के कुछ हिस्सा में एगो तेज भूकंप तबाह कs दिहलस। भूकंप से व्यापक तबाही मचल आ मरे वालन के गिनिती 200 से अधिका हो गइल। अधिकारी बतवले कि 100 लोग के अबे ले कवनो हिसाब नईखे।

एह साल के पहिला दिने जापान में एगो खतरनाक भूकंप आइल रहे। 7.6 तीव्रता के भूकंप से देश भर में तबाही मच गईल। सुनामी के लेके चेतावनी जारी कईल गईल। साथ ही भविष्य में अउरी भूकंप आवे के संभावना भी रहे। एक जनवरी के आईल भूकंप में अबे ले 161 लोग के मउत हो चुकल बा। सैकड़न दोकान आ घर के नुकसान भइल। एक जनवरी के आईल भूकंप के बाद बहुत घर में बिजली के संकट बा। जापान के इशिकावा प्रांत के निवासी लोग के बिजली कटौती के सामना करे के पड़त बा। अनामिज़ू में 1,900 घर में बिजली ना रहे आ इशिकावा प्रान्त में लगभग 20,000 घर बिजली के बिना रहे। टेलीफोन सेवा भी बंद हो गईल बा।

भूकंप में मरेवाला लोग में से 70 लोग के मउत वाजिमा में, 70 लोग के सुजु में, 11 लोग के अनामिजु में अवुरी बाकी लोग के मउत चार शहर में भईल। अबे ले कम से कम 103 लोग लापता बाड़े, 565 लोग घायल बाड़े अवुरी 1390 घर तबाह हो चुकल बाड़े चाहे काफी नुकसान पहुंचल बा। भूकंप के बाद करीब 30 हजार लोग स्कूल, सभागार अवुरी बाकी निकासी केन्द्र में रहतारे अवुरी कोविड-19 संक्रमण अवुरी बाकी बेमारी के मामिला से चिंतित बाड़े। शेल्टर होम में लोग के अबो भी ठंडा फर्श पs सुते के मजबूरी बा। बहुत लोग थकान आ बेचैनी से ग्रस्त बा आ बहुत लोग शोक मना रहल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]