[the_ad_group id="30365"]

346 लोगन के कातिल विमान के आसमान में टूटल दरवाजा: भारत समेत 40 देसन में भइल रहे बैन; एह विमान से काहे डरत बिया दुनिया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पांच जनवरी के अमेरिका में अलास्का एयरलाइन के एगो विमान पोर्टलैंड शहर के हवाई अड्डा से उड़ान भरत बा। बोइंग 737-9 मैक्स सीरीज के एह प्लेन में 171 पैसेंजर आ छव गो क्रू मेंबर सवार रहे लो। चंद मिनट बाद जइसही विमान 16 हजार फीट के ऊंचाई पs पहुंचल, ओकर एगो दरवाजा टूट गइल।

प्लेन में एयर प्रेशर एतना घट गइल कि लोगन के लागल उनका कान के परदा फट जाई। विमान के तुरंत इमरजेंसी लैंडिंग खातिर उतारल गइल।

एह घटना के 24 घंटा के भीतर एक ओरि अमेरिका 737-9 मैक्स सीरीज के करीब 171 विमानन के उड़ान पs रोक लगा दिहल। ओहिजा, भारत के एविएशन रेगुलेटर DGCA एयरलाइन कंपनियन के अपना बेड़ा में सामिल एह सीरीज के बोइंग 737-8 मैक्स प्लेन के इमरजेंसी एग्जिट डोर के सिक्योरिटी चेक के आदेस दे दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]