[the_ad_group id="30365"]

नाइट राइडर्स कइलस बड़ ऐलान, फ्रेंचाइजी एs दिग्गज के बनवले कोच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कैरेबियन प्रीमियर लीग 2025 के आवे वाला सीजन 14 अगस्त से 21 सितंबर ले खेलल जाई. अब एकरा से पहिले लीग के ट्रिनबागो नाइट राइडर्स टीम वेस्टइंडीज के ऑलराउंडर रहल ड्वेन ब्रावो के आपन मुख्य कोच बना लिहले बिया. ऊ फिल सिमंस के जगह ले अइहें. ई जानकारी ट्रिनबागो नाइट राइडर्स सोशल मीडिया हैंडल पs दिहले बा.

ड्वेन ब्रावो ई बात कहले बाड़न

ट्रिनबागो नाइट राइडर्स (टीकेआर) सोशल मीडिया पs पोस्ट कइले बा. एहमें ड्वेन ब्रावो के बारे में बतावल गइल बा कि टीकेआर के मुख्य कोच बने के मौका मिलल एगो सम्मान के बात बा, ई एगो अइसन टीम हs जवन हमरा दिल के बहुते करीब बा. पिछला कुछ साल से मिलल समय आ काम खातिर हम कोच फिल सिमंस के धन्यवाद देबे के चाहत बानी. अब हम एह नया चुनौती के इंतजार करत बानी.

कैरेबियन प्रीमियर लीग में सौ से अधिका विकेट ले चुकल बा

एगो खिलाड़ी के रूप में ड्वेन ब्रावो दुनिया भर के लीग में खेलले बाड़न आ उनुका लगे बहुते अनुभव बा जवन त्रिनबागो नाइट राइडर्स खातिर काम आ सकेला. ऊ कैरेबियन प्रीमियर लीग में 2013 से 2024 के बीच कुल 107 गो मैच खेलले रहलें, जवना में ऊ 129 गो विकेट लेले रहलें।

केकेआर टीम के मार्गदर्शक रहल बाड़े

एकरा से पहिले टी-20 विश्व कप 2024 में अफगानिस्तान टीम के गेंदबाजी सलाहकार रहले, उनुका कोचिंग में टीम सेमीफाइनल में पहुंच गईल, जहां ओकरा दक्षिण अफ्रीकी टीम से हार के सामना करे के पड़ल। उs नाइट राइडर्स ग्रुप के स्वामित्व वाली आईएलटी20 में अबू धाबी नाइट राइडर्स के कोच भी रहल बाड़े। एकरा संगे आईपीएल 2025 में उs कोलकाता नाइट राइडर्स में मार्गदर्शक के रूप में शामिल भईले। उs चेन्नई सुपर किंग्स के गेंदबाजी कोच के रूप में भी काम कईले बाड़े।

सीपीएल में चार गो खिताब जीतले बा

त्रिनबागो नाइट राइडर्स टीम अबले कुल चार बेर कैरेबियन प्रीमियर लीग के खिताब जीत चुकल बिया. टीम एक बेर उपविजेता रहल बिया. पिछला सीजन में टीकेआर एलिमिनेटर में चहुँप गइल रहुवे.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]