दू दिन में छह लोग खातिर काल बनल सीवर

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 31, 2022

सीवर लाइन में बने वाली सीवर गैसन में हाइड्रोजन सल्फाइड, अमोनिया, मीथेन, कार्बन मोनोऑक्साइड, सल्फर डाइऑक्साइड आदि गैस बनsला। ई गैस स्वास्थ्य खातिर बहुते हानिकारक होला। एक बेर ई गैस सांस के साथ फेफड़ा में

Share

सीवर लाइन में बने वाली सीवर गैसन में हाइड्रोजन सल्फाइड, अमोनिया, मीथेन, कार्बन मोनोऑक्साइड, सल्फर डाइऑक्साइड आदि गैस बनsला। ई गैस स्वास्थ्य खातिर बहुते हानिकारक होला। एक बेर ई गैस सांस के साथ फेफड़ा में चल जाले त तुरंते बेहोशी आवे लागेले। कई बेर एह गैसन की वजह से विस्फोटो हो जाला। सीवर में ओही कर्मियन के उतरे चाहिए जे प्रशिक्षण लिहले होखे।

सथही उनके लग्गे व्यक्तिगत सुरक्षा उपकरण होखे जेमें जल प्रतिरोधी दस्ताना, जूते, आई गियर आदि शामिल बा। अगर दिल्ली के बात कइल जाए त इहां सीवर के सफाई खातिर सरकार छोटहन-छोटहन मशीन तैनात कइले बा। मंगलवार के संजय गांधी ट्रांसपोर्ट नगर में सीवर में उतरल कर्मचारियन के पास कौनो तरे के उपरण नाइ रहल। अइसे में गैस के चपेट में आ के आसानी से उनकर मौत हो गइल।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.