[the_ad_group id="30365"]

उड़ान के दौरान खुल गइल विमान के दरवाजा, बाहर गिरे लागल यात्रियन के सामान, अटक गइल पैसेंजर लोग के जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रूस में एगो हैरान करे वाला मामला सामने आइल बा। दरअसल इहां उड़ान के दौरान एगो विमान के पिछला दरवाजा खुल गइल। बीच उड़ान में प्लेन के दरवाजा खुलले से अफरा-तफरी मच गइल अउर यात्रियन के सांस अटक गइल। एकरे बाद विमान के तुरंत वापस उतारल गइल अउर विमान के दरवाजा सही कs के ओके फिर से रवाना कइल गइल। घटना के घरी विमान में 6 क्रू मेंबर समेत कुल 25 यात्री सवार रहनें।

मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार, रूस के एयरलाइन आईआरएयरो के एगो एन-26 ट्विन प्रोप विमान साइबेरिया के शहर मागन से रूस के मागादान शहर जात रहल। उड़ान भरले के बाद जब विमान करीब 2800-2900 मीटर के ऊंचाई पs रहल त ओही समय विमान के पिछला दरवाजा खुल गइल।

एहसे विमान में रखल यात्रियन के सामान भी बिखर गइल। दबाव के समस्या के चलते विमान के दरवाजा खुलल। एकरे बाद विमान के वापस साइबेरिया के मागन शहर में उतारल गइल अउर तकनीकी समस्या के दूर कइले के बाद विमान के फिर से रवाना कइल गइल।

गनीमत रहल कि एह घटना में कौनो आदमी चोटिल नाइ भइल। विमान में यात्रा करत एगो यात्री घटना के वीडियो बनवलें अउर सोशल मीडिया पर अपलोड कs दिहलें।

वीडियो में दिख रहल बा कि उड़ान के दौरान विमान के पिछला दरवाजा खुलल बा अउर एहसे विमान के अंदर उथल-पुथल के हालत बा। उहवें एह घटना पर यूक्रेन के आंतरिक मामला के मंत्री के सलाहकार एंटोन ग्रेसचेनको भी चुटकी लिहले अउर सोशल मीडिया पर ट्वीट कs के रूस पर निशाना सधलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]