[the_ad_group id="30365"]

तकनीकी खामी के चलते एचडीएफसी बैंक के खातासे उपभोक्ता के अकाउंट में पहुंचल 68.97 लाख रुपया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुडंबा के कल्याणपुर इलाका में स्थित एचडीएफसी बैंक के खाता से तकनीकी कमी के कारण 68.97 लाख रुपया एक व्यक्ति के खाता में चल गइल।

खाताधारक के बैंक नोटिस भेजलस, लेकिन रकम वापस नाइ कइल गइल। एह बीच खाताधारक 39.82 लाख रुपया दूसरे खाता में स्थानांतरित कs दिहलस। मंगर के बैंक के शाखा प्रबंधक खाताधारक के खिलाफ गुडंबा थाना में मुकदमा दर्ज करवलें।

प्रभारी निरीक्षक आलोक राय के मुताबिक, गुडंबा के कल्याणपुर रिंग रोड इलाके में एचडीएफसी बैंक के शाखा बा। प्रबंधक रवि सिन्हा बतवलें कि शाखा में धारा एसोसिएट्स कंपनी के संचालक निखिल श्रीवास्तव के खाता बा। 28 मई के बैंक में तकनीकी दिक्कत के चलते 68,97,622 रुपया निखिल के खाता में स्थानांतरित हो गइल। बैंक रकम वापसी खातिर निखिल से संपर्क कइलें।

आरोप बा कि एही बीच निखिल 39.82 लाख रुपया अपने अन्य खाता में स्थानांतरित कs दिहलें। एकरे बाद बैंक निखिल के विधिक नोटिस भी भेजलस। आरोप बा कि कौनो जवाब नाइ मिलल। मंगर के गुडंबा थाना में मुकदमा दर्ज करावल गइल।

दू जनी के खाता से उड़ल 94 हजार

सआदतगंज के कैंपवेल रोड स्थित एटीएम बूथ पर मददगार बनके ठग डेबिट कार्ड बदल के युवती के खाता से 78 हजार रुपया पार कs दिहलस। एकर जानकारी होखले पर दुगावां निवासी रेशमा सआदतगंज थाना में केस दर्ज करवलें। उनकर बचत खाता भारतीय स्टेट बैंक कैसरबाग शाखा में बा। कृष्णानगर के एलडीए कालोनी सेक्टर-डी में रजनीश चंद्रा कॉलेज ऑफ मिलेट्री इंजीनियर्स के डॉयरेक्टर । उनकर खाता एसबीआई में बा। रजनीश के मुताबिक, मोबाइल हैक कsके खाता से दू बेर में 16,429 रुपया निकाल लिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]