[the_ad_group id="30365"]

बढ़त भीड़ के कारण ट्रेन में लगावल जाई अतिरिक्त कोच: त्योहार के नजदीक अइला पs विभाग लेलस निर्णय, छपरा के यात्रियन के मिली सुविधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेल विभाग रेलवे यात्रियन के यात्रा के सुगम आ सरल बनावे खातिर लगातार प्रयासरत बा। एही क्रम में रेलवे प्रशासन के ओर से यात्रियन के हो रहल भीड़ के धेयान में राखत कइयन गाड़ियन में अतिरिक्त कोच लगावल जाई। एकर जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी कs के देले बाड़ें। छपरा से चले वाली ट्रेन में अतिरिक्त कोच जोड़ल जा रहल बा। एसे छपरा से चले वाला यात्रियन के विशेष लाभ मिली।

एह ट्रेनन में जोड़ल जाई अतिरिक्त कोच

  • 15054/15053 लखनऊ जं.-छपरा-लखनऊ जं. एक्सप्रेस में लखनऊ जं. से 29 अक्टूबर, 2023 के आ छपरा से 31 अक्टूबर आ एक नवम्बर, 2023 के शयनयान श्रेणी के एगो अतिरिक्त कोच लगावाल जाई
  • 15083/15084 छपरा-फर्रूखाबाद-छपरा एक्सप्रेस में छपरा से 29 आ 30 अक्टूबर, 2023 को आ फर्रूखाबाद से 30 आ 31 अक्टूबर, 2023 के शयनयान श्रेणी के एगो अतिरिक्त कोच लगावल जाई।
  • 12531/12532 गोरखपुर-लखनऊ जं.-गोरखपुर एक्सप्रेस में गोरखपुर आ लखनऊ जं. से 29 अक्टूबर, 2023 के संशोधित रेक संरचना के मोताबिक द्वितीय श्रेणी कुर्सीयान के 02 कोच के जगह पs साधारण द्वितीय श्रेणी कुर्सीयान श्रेणी के एगो एवं साधारण द्वितीय श्रेणी के एगो कोच लगावल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]