[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में बड़ हादसा टलल: नशेड़ी कार सवार सात गो गाड़ी के मरलस टक्कर, मचल भगदड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला में शाहपुर इलाका के कौवाबाग आ पादरी बाजार चौक के बीच एगो कार चालक चार गो कार, तीन गो बाइक आ एगो साइकिल के टक्कर मार दिहलस। जब भीड़ जुटल तs ड्राइवर गाड़ी छोड़ के भागे लागल, लेकिन लोग ओकरा के पकड़ के पीटे लगले। एही बीच पुलिस पहुंच के आरोपी के हिरासत में ले लेलस।

ए दुर्घटना में एगो साइकिल सवार के गोड़ टूट गईल, जवना के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। एक किलोमीटर ले अफरा-तफरी के माहौल रहे। आरोपी एगो भोजपुरी गायक के रिश्तेदार बतावल जाता। आरोपी के पहचान जंगल तिकोनिया निवासी नीतिश के रूप में भईल बा।

पिपराइच इलाका के जंगल धूसड़ निवासी एगो युवक बुध के देर रात शराब के नशा में गाड़ी से कौवाबाग से पादरी बाजार के ओर जात रहे, एही बीच कौवाबाग पुलिस चौकी के नजदीक मजदूर बबलू चौधरी के टक्कर मारत भागे लागल। पादरी बाजार पहुंचते कार सवार विनोद दुबे के फॉर्च्यूनर कार, संदीप त्रिपाठी के इनोवा, मनीष सिंह के ऑटो, रूपेश के अर्टिगा कार, मधुसूदन शर्मा के बाइक अवुरी स्कूटी सवार के टक्कर मार के जंगल धूसड़ के ओर भागे लगले। पादरी बाजार चौराहा पs ट्रैफिक पुलिस जब उनुका के रोके के कोशिश कईलस तs युवक ओकर रफ्तार बढ़ा देलस। एही बीच पादरी बाजार प्राइमरी स्कूल के नजदीक भीड़ देख के गाड़ी से उतर के भागे के कोशिश करत उs पकड़ल गईल।

एसपी सिटी कृष्ण कुमार विश्नोई बतवले कि आरोपी के पुलिस गिरफ्तार कs लेले बिया। गाड़ी पुलिस के हिरासत में बा। हत्या के कोशिश समेत अवुरी धारा के तहत मामिला दर्ज भईल बा।

अइसन दुर्घटना पहिले भी भइल रहे

18 जून 2023 : शाहपुर इलाका के बशारतपुर पानी के टंकी के लगे परेड ग्राउंड पs एगो बेकाबू कार दु लोग के कुचल देलस, जवना में बीना डायसन (50) के मौका पs मउत हो गईल।

7 नवम्बर 2023 : हरपुर बुदहट थाना क्षेत्र के घोठवा गांव में एगो 70 साल के बुढ़ महिला के कार चालक कुचल दिहलस।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]