[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: हादसा में बाइक सवार घायल, ग्रामीण लो गोरखपुर-वाराणसी हाइवे जाम कइले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखपुर जिला के बेलीपार इलाका के बिस्टौली बुजुर्ग गाँव के सोझा सोमार के साँझ एगो बाइक सवार के घवाहिल होखला के चलते खिसियाइल गाँव के लोग गोरखपुर-वाराणसी फोर लेन के जाम कs दिहले। रात के करीब 6 बजे सड़क पs आईल गांव के लोग के हटावे में पुलिस के 45 मिनट लागल। गाँव के लोग बतवले कि निर्माण के दौरान कवनो रिफलेक्टर चाहे इंडिकेटर ना लगावे के चलते रोज दुर्घटना होखता। जाम के चलते करीब दु किलोमीटर तक गाड़ी के कतार लागल रहे।

सोमवार के बाइक से सवार कौड़ीराम के एगो युवक गाड़ी के चपेट में आके गंभीर रूप से घाही हो गईल। ए दुर्घटना के बारे में जानला के बाद गांव के लोग सड़क पs आ गईले। गाँव के लोग बतवले कि सड़क मरम्मत के काम एक सप्ताह से चलत बा। मरम्मत स्थल के दुनो ओर बड़का बोल्डर लगावल गईल बा, लेकिन सड़क बंद करेवाला बोर्ड चाहे रेडियम के स्टिकर नईखे। एकरा चलते पैदल चलेवाला घाही हो रहल बाड़े।

दिवाली के एक दिन पहिले भीटी गांव के एक आदमी के दुर्घटना में मउत हो गईल जबकि कौड़ीराम, बड़हलगंज, डवरपार, कसिहार आदि के करीब 23 लोग दुर्घटना के शिकार हो चुकल बाड़े। आरोप बा कि एनएचएआई के टोल फ्री नंबर पs शिकायत कईला के बावजूद कवनो प्रकार के इंतजाम ना भईल। बाद में पुलिस पहुंचल अवुरी अधिकारी से बात कs के समाधान के भरोसा देके जाम खतम कs के आवागमन शुरू कs देलस।

जाम से परेशान लोग

पादरी बाजार निवासी कार सवार अश्वनी श्रीवास्तव बतवले कि महत्वपूर्ण काम खातीर शहर पहुंचे के हड़बड़ी रहे लेकिन जाम में बहुत समय लागल। रुस्तमपुर निवासी प्रांजल पाण्डेय बतवले कि जब जाम लागल तs उ दूसरा लेन से जाए के सोचले, लेकिन आगे जात समय फंस गईले। सड़क जाम करेवाला लोग के गुस्सा देख के लागल कि हो सकता कि लोग झगड़ा तक कs सकतारे। कवनो तरह जाम खतम हो गइल आ हमनी के निकल पवनी जा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]