छठ परब खातिर चलावल जा रहल दिल्ली-दरभंगा स्पेशल ट्रेन के एगो बोगी में लागल आग 

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 15, 2023

  उत्तर प्रदेश के इटावा के नजदीक ट्रेन नंबर 02570 दिल्ली-दरभंगा क्लोन स्पेशल के एस-1 (स्लीपर) कोच में आग लाग गईल। एह घटना में कुछ लोग के घायल होखे के खबर बा। उनुका के अस्पताल

Share

 

उत्तर प्रदेश के इटावा के नजदीक ट्रेन नंबर 02570 दिल्ली-दरभंगा क्लोन स्पेशल के एस-1 (स्लीपर) कोच में आग लाग गईल। एह घटना में कुछ लोग के घायल होखे के खबर बा। उनुका के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। सराय भोपत स्टेशन से जब इs ट्रेन गुजरत रहे तs ओकरा से धुआं उठत देखाई देलस।

दरभंगा क्लोन स्पेशल ट्रेन जब सराय भूपत स्टेशन से गुजरत रहे तs स्टेशन मास्टर के ओकर एस-1 कोच से धुआं उठत देखाई देलस। उ तुरंत ट्रेन के रोकवा देले। एकरा बाद सभ यात्री के सुरक्षित उतारल गईल। ए घटना में कुछ लोग घाही हो चुकल बाड़े। उनुका के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।

पुलिस के कहनाम बा कि बुध के सांझ दिल्ली से दरभंगा जाए वाली ट्रेन के दु कोच में आग लाग गईल। इटावा के पुलिस अधीक्षक संजय कुमार कहले कि, ‘दिल्ली से दरभंगा जाए वाली ट्रेन के दु कोच में आग लाग गईल। मौका पs फायर इंजन भेज के आग बुझावे के प्रयास कईल गईल।

उ बतवले कि ए दुर्घटना में कुछ यात्री के भी मौत हो गईल। हालांकि पुलिस अधीक्षक लोग के संख्या बतावे से इनकार कs देले। एसपी बतवले कि मौका पs डॉक्टर के टीम अवुरी एम्बुलेंस मौजूद रहे। बचाव के काम चल रहल बा। आग लगला से केतना नुकसान होईत, एकर पता लगावल मुश्किल हो जाता।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.