[the_ad_group id="30365"]

विधार्थियन के दिलावल गइल नशा मुक्ति के शपथ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह। नशा मुक्ति शपथ ग्रहण समारोह में सब लोगन के नशा से होखे वाला हानि के धेयान में रखत शपथ दिलावल गइल। लईकन के प्रेरित कइल गइल कि ऊ खुद नशा से दूर रहे लो आ अपना परिवार आउर पास पड़ोस रिश्तेदारन आदि के नशा से बचावे के पूरा कोसिस करे लो।

एकरा से हमनी के देस भारत पूरा तरे से नशा मुक्त हो सके। छात्र-छात्रा लोगन के को संबोधित करत विजय शंकर रजक बतवके कि नशा मुक्त भारत अभियान मादक द्रव्यन के सेवन के बुराई के खत्म करे खातिरभारत के प्रतिबद्धता के एगो सानदार प्रमाण हs। एकर उद्देश्य नशीली दवा के आपूर्ति के रोके के बा। ओकरा के ले आवे वालन के पकड़ल आ ओकरा के बनावे भा बेचे से रोकल बा।

ई ओह लोगन के परामर्श, पुनर्वास केंद्र आ दवा के माध्यम से सहायता प्रदान करत बा जवन पहिलही से नशा के आदी हो चुकल बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]