[the_ad_group id="30365"]

यूजीसी नेट के सिटी इंटिमेशन स्लिप जारी, जानीं कइसे करे के बा चेक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

विश्वविद्यालय अनुदान आयोग 21, 22 आ 23 अगस्त, 2024 के तारीख खातिर यूजीसी नेट 2024 सिटी इंटिमेशन स्लिप जारी कइले बा। एह परीक्षा में आवे वाला उम्मीदवार यूजीसी नेट के आधिकारिक वेबसाइट ugcnet.nta.ac.in के माध्यम से आपन सिटी स्लिप देख सकेलें आ डाउनलोड कs सकेलें।

नोटिस में का कहल गइल रहे?

आधिकारिक नोटिस में लिखल बा कि, “एनटीए अब 21, 22 अवुरी 23 अगस्त 2024 के होखेवाला यूजीसी-नेट जून 2024 खातीर परीक्षा शहर के आवंटन के अग्रिम सूचना प्रकाशित करतिया।”

उम्मीदवारन के सलाह दिहल गइल बा कि यूजीसी-नेट जून 2024 के आपन परीक्षा शहर सूचना पर्ची (अपना आवेदन संख्या आ जन्म तिथि के इस्तेमाल करत) वेबसाइट से चेक/डाउनलोड करस.परीक्षा सिटी स्लिप डाउनलोड करे खातिर परीक्षार्थी नीचे दिहल स्टेप के पालन कs सकेलें.

परीक्षा कब होई?

यूजीसी नेट 2024 के परीक्षा 21 अगस्त से 4 सितंबर 2024 ले 83 विषय के सीबीटी मोड में करावल जाई। इs परीक्षा दु पाली में होई, पहिला पाली सुबह 9 बजे से दुपहरिया 12 बजे ले होई अवुरी दूसरा पाली दुपहर 3 बजे से सांझ 6 बजे ले होई।

यूजीसी नेट 2024 के सूचना पर्ची

•सबसे पहिले यूजीसी नेट के आधिकारिक वेबसाइट ugcnet.nta.ac.in पs जाईं।

•एकरा बाद होम पेज पs उपलब्ध यूजीसी नेट परीक्षा सिटी स्लिप लिंक पs क्लिक करीं।

•अब एगो नया पेज खुली, जहवाँ उम्मीदवारन के लॉगिन डिटेल डाले के पड़ी.

•एकरा बाद सबमिट पs क्लिक करीं आ स्क्रीन पs राउर परीक्षा सिटी स्लिप लउकी.

•एकरा बाद स्लिप में डिटेल के जांच कs के डाउनलोड करीं।

•अंत में एकर हार्ड कॉपी आगे के जरूरत खातिर अपना लगे राखीं.

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]