[the_ad_group id="30365"]

डाबर इंडिया खरिदलस ‘बादशाह मसाला’, एतना करोड़ रुपया में भइल डील

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश के जानल-मानल कंपनी डाबर इंडिया अब मसाला के कारोबार में उतरे कमर कर कस चुकल बा। कंपनी मसाला के ब्रांड बादशाह मसाला में 51 फीसदी के हिस्सेदारी खरीद लिहले बा। एह डील के बाद अब बादशाह मसाला पर डाबर इंडिया के मालिकाना हक हो गइल बा। बता देईं कि डाबर इंडिया के मुनाफ़ा में सितंबर तिमाही के दौरान गिरावट आइल बा। सितंबर तिमाही के रिजल्ट जारी कइले के साथही कंपनी बादशाह मसाला में हिस्सेदारी खरीदे के भी एलान कइले बा।

डाबर 51 फीसदी हिस्सेदारी 587.52 करोड़ रुपया में खरिदलस

डाबर इंडिया बादशाह मसाला में 51 फीसदी हिस्सेदारी 587.52 करोड़ रुपया में हासिल करे के घोषणा कइले बा। दूनों कंपनियन के ओर से जारी एगो संयुक्त बयान में कहल गइल कि डाबर बादशाह मसाला प्राइवेट लिमिटेड के 51 फीसदी हिस्सेदारी हासिल करे खातिर पक्का एग्रीमेंट साइन क लेहले बा। एह डील के बाद बादशाह मसाला पर अब डाबर इंडिया के मालिकाना हक हो जाई। बयान के अनुसार, बादशाह मसाला फिलहाल पिसल मसाला, मिक्स मसाला अउर खाद्य प्रोडक्ट्स बना के बेचे अउर निर्यात करेले।

डाबर के फूड बिजनेस 500 करोड़ रुपया ले बढ़ावे के प्लान

डाबर इंडिया शेयर बाजार के बतवलस कि ई अधिग्रहण फूड सेक्टर के नयका कैटेगरीज में ढूके के कंपनी के इरादा के अनुरूप बा। एह डील खातिर बादशाह मसाला के वैल्यू 1152 करोड़ रुपया रहल। कंपनी कहलस कि बाकी 49 फीसदी हिस्सेदारी के अधिग्रहण पांच बरिस बाद कइल जाई। कंपनी के अनुसार डाबर इंडिया तीन बरिस में अपने फूड बिजनेस के 500 करोड़ रुपया ले बढ़ावे के इरादा रखेले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]