[the_ad_group id="30365"]

पांच चरण में बनी डोमिनगढ़-कुसम्हीं तिसरकी लाइन, जनवरी से शुरू होई काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डोमिनगढ़ से कुसम्हीं के बीच गोरखपुर जंक्शन के रास्ते तिसरे लाइन के निर्माण पांच चरण में पूरा होई। जनवरी से पहिले चरण के काम शुरू कइल जाई। एकरे बन गइले से ट्रेन के आसपास के स्टेशन पर रोके के जरूरत नाइ पड़ी। मालगाड़ी फर्राटा से गंतव्य खातिर रवाना हो जाई।

डोमिनगढ़ से कैंट स्टेशन हो के कुसम्ही ले तीसरी लाइन 21.15 किलोमीटर लमहर बा। पिछले बजट में तीसरे लाइन खातिर 105 करोड़ रुपया मिलल रहे। जेकरे बाद काम शुरू करावल गइल। एह परियोजना के 2016 के बजट में मंजूरी दिहल गइल रहे। एह बार एह लाइन खातिर 62 करोड़ रुपया मिलल बा।

अब ले 60 फीसदी काम पूरा हो चुकल बा। लाइन बिछावे खातिर लेवलिंग, साइड एप्रोच, छोटे पुल आदि काम करावल जा चुकल बा। रामगढ़ताल के उत्तरी छोर पर एगो अउर पुल बनावे के काम भी शुरू हो गइल बा।

पूर्वोत्तर रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह कहनें कि डोमिनगढ़, गोरखपुर, गोरखपुर कैंट अउर कुसम्ही के मध्य तीसरा लाइन के काम प्रगति पर बा, एके पूरा होखले पर लाइन क्षमता में बढ़ोतरी होई।

पांच चरण में होई काम

  • पहिला चरण : कैंट से नकहा स्टेशन
  • दूसरा चरण : कैंट से कुसम्हीं स्टेशन
  • तीसरा चरण : गोरखपुर जंक्शन से कैंट स्टेशन
  • चौथा चरण : डोमिनगढ़ स्टेशन
  • पांचवां चरण : गोरखपुर जंक्शन से डोमिनगढ़ स्टेशन

तीसरी लाइन के 82 किलोमीटर ले भइल बा विस्तार

रेलवे डोमिनगढ़-कुसम्ही तीसरी रेल लाइन के विस्तार कइले बा। अब बैतालपुर से खलीलाबाद ले 82 किलोमीटर ले तीसरी लाइन बिछावल जाई। रेलवे बोर्ड मंजूरी देत फाइनल लोकेशन सर्वे खातिर बजटो जारी कs दिहले बा। डोमिनगढ़ से खलीलाबाद ले 30 किलोमीटर ले तीसरे लाइन बिछावे खातिर 60 लाख रुपया अउर कुसम्ही से बैतालपुर ले 29.7 किमी के तीसरी लाइन खातिर 59 लाख रुपया मिलल बा। ड्रोन सर्वे खातिर एजेंसियो तय कs दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]